[the_ad_group id="30365"]

Sensex Opening Bell: बाजार में बड़ गिरावट, सेंसेक्स 750 अंक टूटल, निफ्टी 17100 के नीचे, रुपिया रिकॉर्ड लो प

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के पहिले कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में बड़ गिरावट आइल बा। सोमार के सेंसेक्स लगभग 750 अंक तक टूट गइल बा। ओहिजा, निफ्टी 200 अंक टूटके 17090 के स्तर प चल गइल बा। ओहिजा, रुपियो सोमार के आउर कमजोर होखत 82.64 रुपिया के आपन अब तक के सबसे निचिला स्तर प पहुंच गइल बा।

सेंसेक्स 57424 अंकन प खुलले

सोमार के बाजार में सुरुआती कारोबार में सेसेंक्स 767 अंकन के गिरावट के संगे 57424 अंकन प खुलल। ओहिजा, निफ्टी के सुरुआत 205 अंकन के गिरावट के संगे 17,103 के स्तर प भइल। बाजार में बैंक, ऑटो आ मेटल सेक्टर के शेयरन में कमजोरी देखे के मिलल। सेंसेक्स बेंचमार्क में 30 के 30 शेयर सुरुआती कारोबार में लाल निशान में दिखल।

डॉलर के मुकाबला रुपिया 32 पईसा आउर टूटल

रुपिया डॉलर के मुकाबला सोमार के 32 पईसा आ कमजोर हो गइल आ ई 82.32 के मुकाबला 82.64 रुपिया के लेवल प खुलल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]