[the_ad_group id="30365"]

गिरावट के संगे खुलल घरेलू बाजार, सेंसेक्स 150 अंक टूटल, निफ्टी 17100 के नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय बाजार के शुरुआत बियफ़े के गिरावट के साथ भइल बा। सेंसेक्स 150 अंक ले टूट के कारोबार कर रहल बा। उहवें निफ्टी में भी 30 अंक के गिरावट दिख रहल बा। फिलहाल सेंसेक्स 131.03 अंक के गिरावट के साथ 57.468.64 अंक के स्तर पर कारोबार कर रहल बा। उहवें निफ्टी 26.26 अंक के गिरावट के साथ 17,081.25 अंक पर कारोबार कs रहल बा।

 

अमेरिका में आवे वाले महंगाई दर के आंकड़ा के पहिले डाऊ जोंस 250 अंक फिसल के करीब 30 अंक के नीचे बंद भइल। नैस्डेक में 0.09 फीसदी के गिरावट आइल। उहवें एसएंडपी 500 0.33 प्रतिशत टूटल। एसजीएक्स निफ्टी में भी 40 अंक के गिरावट दिख रहल बा। ई फिलहाल 17063 अंक के स्तर पर कारोबार कर रहल बा

OPEC+ देशों के ओर से डिमांड फॉरकास्ट में कटौती के बाद कच्चा तेल के कीमत 2.2 फीसदी तक लुढ़क गइल बा। यूएस ट्रेजरी यील्ड्स बिना बदलाव के 2 साल के हाई 4.30 फीसदी पर बनल बा। उहवें बाजार में विदेशी संस्थागत निवेशक (FIIs) बुध के 542 करोड़ रुपया के बिकवाली कइले बा, जबकि DIIS 85 करोड़ रुपया के खरीदारी कइले बा।

 

 

विप्रो-एचडीएफसी कमजोर, हिंडाल्को-एचसीएल टेक मजबूत

बियफ़े के शुरुआती कारोबार में विप्रो, एचडीएफसी, टीसीएस, बजाज फिनसर्व, एचडीएफसी बैंक, एचडीएफसी लाइफ अउर ओएनजीसी जैसी कंपनियन के शेयर जहां कमजोरी के साथ कारोबार कs रहल बानें उहवें, हिंडाल्को, एचसीएल टेक, आयशर मोटर्स, एमएंडएम, डॉ. रेड्डी और एनटीपीसी जइसन कंपनियन के शेयर मजबूती के साथ कारोबार कर रहल बानें
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]