[the_ad_group id="30365"]

मध्यप्रदेश के एह जिला में गोलगप्पा बेचले पर लगावल गइल रोक, हैरान क देई पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउआ मध्यप्रदेश के बानीं अउर सड़क किनारे लागल ठेला में फुलकी खाने के शौकीन बानीं त रउआ खातिर काम के खबर बा। दरअसल, मध्यप्रदेश के मंडला जिला में फुलकी यानी कि गोलगप्पे खइले से 100 से ज्यादा लोग बीमार हो गइल। एकरे बाद प्रशासन एहतियात बरतत जिला में ठेला पर फुलकी के बिक्री प्रतिबंधित कs दिहले बा।
बता देईं कि मंडला जिला के चिरईडोंगरी क्षेत्र के आधा दर्जन गांव में फुलकी खइले से शनिचर के साँझ कई लोग बीमार पड़ गइल रहनें। उनके अतवार के जिला अस्पताल में उपचार खातिर भर्ती करावल गइल रहे। फूड प्वाइजनिंग के शिकार भइल लोगन के संख्या 100 से ऊपर हो गइल बा, एहमें बच्चे अउर गर्भवती महिला लोग भी शामिल रहली।
अइसे में प्रशासन चाट अउर फुलकी के बिक्री के खिलाफ सख्त फैसला लिहले बा। अपर कलेक्टर मीना मसराम के ओर से जारी कइल गइल आदेश में कहल गइल बा, त्योहारन के अवसर पर हाट बाजार में चाट फुलकी के ठेला में खाद्य सामग्री पर साफ-सफाई के ध्यान नाइ दिहल जाला, जेसे एकर सेवन कइलें से स्वास्थ्य पर प्रतिकूल असर पड़sला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]