[the_ad_group id="30365"]

घर पर बनाई हरल भरल कबाब, स्नैक टाइम बन जाई आउर मजेदार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कबाब नाम सुनतही मुंह में पानी आ जाला, बाकिर बहुत से लोगन के लागेला कि कबाब खाली नोनवेज से बनावल जा सकत बा। बाकिर अइसन एकदमे नइखे। वेजिटेबल कबाब खाये में जेतना स्वादिष्ट होला ओतनही बनावलो आसान होला। ई वेजिटेबल कटलेट के जइसने होला जवना के कबाब के शेप देके बनावल जाला। चाय के संगे भा फेर साँझ के नाश्ता में कबाब एगो परफेक्ट स्नैक हो सकत बा। आईं जानल जाव एह बेहतरीन डिश के रेसिपी का बा।

मुख्य सामग्री

1 कप as required, chopped पालक

मुख्य पकवान खातिर

1/4 कप as required,chopped हरियर सेम
1/2 कप as required,chopped गाजर
1/2 छोट चम्मच जरूरत के अनुसार जीरा के बिया
1 छोट चम्मच जरूरत के अनुसार नमक
जरूरत के अनुसार हरियर मरीचा
1/2 छोट चम्मच जरूरत के अनुसार गरम मसाला पाउडर
1 कप भीजल चना

Step 1: हरल भरल कबाब बनावे के विधि

हरल भरल कबाब बनावे खातिर सबसे पहिले भीजल चना दाल के मिक्सी में डालके चिकना पीस लीं। धेयान रहे कि पेस्ट तइयार करत घरी पानी ना डालीं ना त पेस्ट पातर हो जाई आ कबाब सही से ना बनीं।

Step 2:

चना दाल पीसके तइयार क लेला के बाद ओकरा के एगो बाउल में निकाल के रख दीं आ ओकरा के मिक्सर में बींस आ गाजर डालके दरदरा पीस लीं। अब तइयार कइल गइल सब्जी के पेस्ट के एगो पैन में डालके ओकरा के चम्मच चलावत भूज लीं। अब ओहि पैन में पालक डालके ओकरो के निम्मन से भूज लीं।

Step 3:

तइयार सब्जी के मिश्रण के चना दाल के पेस्ट में डालके निम्मन से मिलाई।

Step 4:

सब्जी आ चना दाल पेस्ट के निम्मन से मिला लेला के बाद ओमे जीरा, हरी मिर्च, नमक आ गरम मसाला डालके सब के अच्छा से मिला लीं।

Step 5:

तइयार मिश्रण से कबाब के शेप देत कबाब तइयार करत एगो प्लेट में रख दीं।

Step 6:

अब एगो पैन लेके ओमे तेल डालके ओकरा के गरम करे खातिर रख दीं, जब पैन गरम हो जाव तब ओमे तइयार कबाब के डालीं आ मध्यम आंच में पाके दीं। एक तरफ जब गोल्डन ब्राउन हो जाव तब हलुक हाथन से पलटत कबाब के दूसरको तरफ के सेंक लीं। धेयान रहे कबाब पलटत घरी हलुक हाथन के इस्तेमाल करीं ना त कबाब टूट सकत बा। तइयार बा गरमागरम कबाब, प्याज के छ्ल्ला से एकर गार्निशिंग क के हरियर चटनी के संगे सर्व करीं।

साभार: नवभारत टाइम्स

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]