[the_ad_group id="30365"]

108 साल पुरान हिंदुजा ग्रुप के बंटवारा एही महीना होई, जानीं कौने-कौने ब्रांड में होला डील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन के सबसे अमीर कारोबारी घरानन में एक हिदुजा परिवार के राह अब अलगे होखे वाला बा। दरअसल, 108 वर्ष पुरान हिंदुजा ग्रुप के बंटवारा के डेडलाइन तय हो गइल बा। ग्रुप के कुल नेट वर्थ 14 अरब डॉलर ह। हिंदुआ भाइयन के बीच लमहर समय से विवाद चलत रहल। हिंदुजा बंधुअन में सबसे बड़ 86 वर्षीय श्रीचंद हिंदुजा के वकीलन के हाल ही लंदन के एगो अदालत के बतवलें बानें कि परिवार 2014 के एगो आपसी करार के ख़तम करे खातिर सहमत हाे गइल बा। एही बाबत परिवार के बीच समझौता बीतल 30 जून 2022 के भइल रहे।

बंटवारा खातिर नवंबर महीना के डेडलाइन तय 

सूत्रन के अनुसार एही आधार पर एही महीना यानी नवंबर में ही पारिवारिक बिजनेस के बंटवारा के अंतिम रूप दे दिहल जाई। अगर नवंबर महीना में बंटवारा फाइनल नाइ कइल गइल त एक बेर फिर ई मामला अदालत तक पहुंच सकsता। हिंदुजा ग्रुप के पास दर्जन भर कंपनियन के स्वामित्व बा, जेमें से 6 लिस्टेड कंपनी बा। भारत में बैंकिंग कारोबार से जुड़ल इंडसइंड बैंक के स्वामित्व भी हिंदुजा ग्रुप के लग्गे बा। एकरे अलावे कमर्शियल वाहन के बड़ निर्माता अशोक लिलैंड नाम के कंपनी के स्वामित्व भी हिंदुजा ग्रुप के लगही बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]