[the_ad_group id="30365"]

मशरक रेलवे स्टेशन के पश्चिम दिशा में लागल हाट बाजऱ , बाजार में ग्राहकन के उमड़ल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह। मशरक स्टेशन रेलवे जंक्शन के पश्चिम दिशा में हर सनीचर आ बुध के बाजार लगावे के निर्णय मोहन ओझा के अध्यक्षता में लिहल गइल बा।

ओहिजा आज बुध के बाजार लागल, जेमे ग्राहकन के काफी संख्या मे उमड़ल भीड़। स्थानीय ग्रामीण लोग बतावल कि हमनी के पूर्वज लोग बतावेला कि मशरक गोला में बुध आ सनीचर के दिन बाजार लागत रहे। इहां कपड़ा, सब्जी, मांस मछली सहित आउर खाये के समान बिकत रहे। जेमे बहुत जगहन से बेयपारी समान किने आवत रहे लो। अचानके जगह के अभाव में परंपरागत बाजार लागल बंद हो गइल रहे।

अब फेर से नया जगह मशरक जंक्शन रेलवे स्टेशन के पश्चिम दिशा में बाजार लागल सुरू हो गइल। लोग बाजार के रौनक देख खुशी जाहिर कइल। एसे गांव के अगल-बगल के ग्रामीणन के फायदा होई। मशरक के लोगन के हर चीज खातिर मेला बाजार में ना जाये के पड़ी।

ओहिजा ग्राहक लोग बतावल कि इहां सब्जी अच्छा दाम पs मिल रहल बा। सब्जी गोभी के कीमत 30 रुपिया, सेमला मिर्च 40 रुपिया, बैगन के कीमत 10 रुपिया, छेमी के कीमत 80 रुपिया बा। मवका पs खरीदारी करत होमियोपैथिक चिकित्सक डॉक्टर पी के परमार, पप्पू सिंह, नंदन शर्मा, मोहन ओझा, मंटू ओझा, भाजपा मशरक प्रखंड अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा, प्राण सेठ, बीतन सिंह समेत सइयन  ग्राहक उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]