[the_ad_group id="30365"]

थरूर के सोझे खड़गे के मिल रहल बा ‘आशीर्वाद’, गांधी परिवार के आखिर कौने दांव से खत्म भइल G23 के ई खेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर नामांकन हो चुकल बा। अब सीधा मुकाबला वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खरगे, शशि थरूर अउरी झारखंड के पूर्व मंत्री केएन त्रिपाठी के बीच बा। एह चुनाव में खरगे के भलही सबसे मजबूत उम्मीदवार मानल जा रहल बा, लेकिन शशि थरूर नामांकन वापसी से इनकार कsके खरगे समर्थकन के चिंता बढ़ा देहले बानें।
एतने नाइ, शशि थरूर अपने प्रस्तावकों के नाम सार्वजनिक न कके भी खरगे के सामने मजबूत चुनौती पेश क देहले बानें। अभिन ले मानल जात रहे कि खरगे के गांधी परिवार के आंतरिक समर्थन प्राप्त बा अउर ऊ आसानी से एह रेस के जीत लीहें, लेकिन नए विजन के बात करे वाले थरूर के पास भी समर्थकन के लमहर सूची बा।

थरूर पर बनावल जा रहल बा दबाव 

अध्यक्ष पद के चुनाव में मल्लिकार्जुन खड़गे जहां, 14 पन्ना में प्रस्तावकन के सूची सौंपले बानें। उहवें थरूर पांच पेज में प्रस्तावकन के सूची सौंपले बानें। हालांकि, उ प्रस्तावकों के नाम सार्वजनिक कइले से इनकार कर दिहले बानें। रिपोर्ट्स के मानल जाव त थरूर के कुछ प्रस्तावकन के कहनाम बा कि उन पर नामांकन वापस लेहलें के दबाव बनाया जा रहल बा। थरूर के प्रस्तावकन में सांसद कार्ति चिदंबरम, मोहम्मद जावेद, प्रद्युत बोरदोलोई जइसन नाम बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]