[the_ad_group id="30365"]

स्नातक एमएलसी चुनाव खातिर आजु से तैयार होई लिस्ट, 7 जिला में बनावल जइहें वोटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निकाय चुनाव के सथही गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक (एमएलसी) निर्वाचन खातिर शनिचर से वोटर बनावे के काम शुरू हो जाई। जनवरी-फरवरी 2023 में प्रस्तावित एह चुनाव खातिर नयका सिरा से वोटर लिस्ट बनावल जाई अउर ओमें दर्ज वोटर ही मतदान कर पइहें।
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के तहत पांच मंडल गोरखपुर, बस्ती, आजमगढ़, फैजाबाद अउर देवीपाटन मंडल के 17 जिला के स्नातक वोटर मतदान क पइहें। एक नवंबर 2022 से तीन साल पूर्व स्नातक के डिग्री हासिल करे वाले ही मतदाता बन सकेने। आवेदन भरकर संबंधित तहसील कार्यालय में जमा करे के होई।
19 नवंबर के मतदाता सूची के ड्राफ्ट तैयार करे अउर 23 नवंबर के मतदाता सूची के ड्राफ्ट के प्रकाशन अउरी 23 नवंबर से नौ दिसंबर तक आपत्ति अउर ओकर निस्तारण अउरी 30 दिसंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन होई। कमिश्नर गोरखपुर एह निर्वाचन के रिटर्निंग ऑफिसर हवें।

गोरखपुर-फैजाबाद स्नातक क्षेत्र में ई-ई जिला आई

बहराईच, गोंडा, बस्ती, सिद्धार्थनगर, गोरखपुर, महराजगंज, देवरिया, आजमगढ़, मऊ, सुल्तानपुर, अमेठी, अयोध्या, कुशीनगर, आंबेडकरनगर, श्रावस्ती, बलरामपुर अउरी संतकबीरनगर
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]