Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोकशी के लेके हनुमानगढ़ में तनाव, पत्थरबाजी में पुलिसकर्मी घायल, कर्फ्यू लागल, इंटरनेट बंद

811

हनुमानगढ़ के गांव गांधीबड़ी अउर चिड़ियागांधी में गोकशी कर लेकर लोग चार दिन से लोग धरना पर बइठल रहने। बुधवार के पुलिस धरना हटावे के कोशिश कइलस त माहौल फिर से तनावग्रस्त हो गइल। पुलिस पर पत्थरबाजी कइल गइल। जेकर बाद जिला कलेक्टर गांव गांधीबड़ी अउर चिड़यागांधी पंचायत क्षेत्र में कर्फ्यू लगा देहल गइल बा।

मीडिया रिपोर्टस के अनुसार मंगलवार साँझ के पुलिस धरनार्थियन के धरना स्थल से हटा देहले रहल। एकरे साथ ही कई धरनार्थियों के गिरफ्तार कइल गइल। जेकरे बाद बुधवार के ग्रामीण एक बेर फिर से इकट्ठा हो गइल अउर जयश्री राम के नारा लगावे लगले। प्रदर्शन में बड़ संख्या में महिला लोग भी शामिल भईली।

पुलिस प्रदर्शनकारियन के हटावे गइल त प्रदर्शनकारियन अउर पुलिस के झड़प हो गइल। जेकरे बाद पत्थरबाजी भी कईल गइल। पत्थरबाजी में भिरानी एसएचओ ओम प्रकाश सुथार कर सिर में चोट आइल। उहवें एएसपी सुरेश जांगिड़ अउर भादरा थाना प्रभारी रणवीर साईं सहित कई अन्य पुलिस कर्मियन के घायल हो गईल।

पुलिस भीड़ के तीतर-बीतर करे खातिर आंसू गैस अउर बल प्रयोग कइलस। क्षेत्र में बढ़त तनाव के बाद कर्फ्यू लगा देहल गइल बा। इलाका में शांति व्यवस्था खातिर भारी पुलिस बल तैनात बा। मंगलवार के वार्ता विफल होखले कर बादे ही क्षेत्र में नेटबंदी क देहल गइल रहल, जऊन अभिन भी जारी बा।

301450cookie-checkगोकशी के लेके हनुमानगढ़ में तनाव, पत्थरबाजी में पुलिसकर्मी घायल, कर्फ्यू लागल, इंटरनेट बंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.