[the_ad_group id="30365"]

दुष्कर्म मामला में बसपा सांसद अतुल राय बरी, बनारस में तीन साल पहिले दर्ज भइल रहे केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घोसी से बसपा सांसद अतुल राय के दुष्कर्म मामला में बरी क देहल गईल बा। विशेष न्यायाधीश एमपी-एमएलए सियाराम चौरसिया के कोर्ट ई फैसला सुनवलस। हालांकि अतुल राय अभिन जेल से बाहर नाइ अइहें। बसपा सांसद के अधिवक्ता बतवने कि अभिन लखनऊ में एक मामला अउरी दर्ज बा। ओमें जमानत के बाद ही रिहाई हो पाई। मुकदमा में सुनवाई के बाद शनिवार के वाराणसी कचहरी परिसर के बाहर अतुल राय के समर्थकन के भारी भीड़ उमड़ पड़ल रहल।

तीन साल पुरान ई मामला काफी चर्चित रहल। बीते साल 16 अगस्त के अतुल राय पर दुष्कर्म के आरोप लगावे वाली युवती अपने मित्र के साथ सुप्रीम कोर्ट के सामने आत्मदाह कs लेहले रहली। उपचार के दौरान युवक के 21 अउरी युवती के 24 अगस्त के मौत हो गइल रहल।

दूनों कोर्ट के बाहर फेसबुक पर लाइव वीडियो शेयर करत आत्मघाती कदम उठवले रहल। लाइव वीडियो में पीड़िता अउर ओकर साथी वाराणसी पुलिस के तत्कालीन अफसर अउरी न्याय व्यवस्था के कोसत ई कदम उठवले रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]