[the_ad_group id="30365"]

पूर्व सांसद आनंद मोहन बरी, साक्ष्य के अभाव में 31 साल पुरान ममिला में मिलल जमानत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के पूर्व सांसद आनंद मोहन के जमानत मिल गइल बा। 31 साल पुरान ममिला में आनंद मोहन के कोर्ट बरी कइले बा। साक्ष्य के अभाव में उनका के जमानत दे दिहल गइल बा। जमानत मिलला के खबर मिलते उनका प्रसंशकन के बीच खुशी के लहर फइल गइल। एह दौरान बड़ संख्या में कोर्ट परिसर में उपस्थित समर्थक लोग मिठाई बांटके आपन खुशी के इज़हार कइल लो।

साक्ष्य के अभावन में बरी

31 साल पुरान एगो ममिला में पूर्व सांसद आनंद मोहन बरी हो गइल बाड़े। 431/2003 में एमपी/एमएलए कोर्ट उनका के बरी कइलस। एमपी/एमएलए स्पेशल कोर्ट एडीजे- 3 विकास कुमार सिंह वर्ष 1991 लोकसभा चुनाव में दर्ज एगो मुकदमा में अभियोजन पक्ष द्वारा आरोप साबित ना कइल गइले आ साक्ष्य के अभाव में पूर्व सांसद आनंद मोहन के बाइज़्जत बरी कs देले बा।

जल्दिये आएम जेल से बाहर

कोर्ट से मिलल जमानत पs पूर्व सांसद आनंद मोहन खुशी जाहिर कइले बाड़े। ऊ अपना ऊपर लागल आरोप के गलत करार देले। ऊ एकरा के सच्चाई के जीत बतवले बाड़े। एकरा के लेके ऊ न्यायालय के प्रति आभार जतवले बाड़े।आनंद मोहन कहले कि जल्दिये सब आरोपन से मुक्त होके जेल से बहरी आएम आ मुख्य धारा के राजनीति से जुडके बिहार में परिवर्तन करेम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]