[the_ad_group id="30365"]

मशरक थाना परिसर में आयोजित भइल जनता दरबार, 9 ममिलन में 5 ममिलन के भइल निष्पादन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: बिहार सरकार आ सारण जिला अधिकारी के निरदेस के मोताबिक हर सनिचर के लागे वाला जनता दरबार में अंचल राजस्व पदाधिकारी श्वेता सिंह आ नवपदस्थापित थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा के उपस्थिति में अंचल निरीक्षक महेश राम आ एसआई विपिन कुमार आ अंचल के बड़ा बाबू मवजूद रहल लो।

9 में से पांच ममिलन के भइल निष्पादन

जनता दरबार मे कुल 9 ममिलन में 5 के निष्पादन कइल गइल। जेमे पहिले के 5 गो आ 4 गो नया ममिला रहे। मशरक अंचल राजस्व पदाधिकारी श्वेता सिंह बतवली कि मशरक थाना परिसर में आयोजित जनता दरबार में दुनों पक्ष के फरियादियन के समस्या के गंभीरता पूर्वक सुनल गइल। तब जाके फसिला हो सकल। कुछ ममिलन के जांच में भेज दिहल गइल बा अगिला सनिचर के जनता दरबार में दुनों पक्ष के फेर बोलावल जाई ओकरा बाद ममिलन के निष्पादन कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]