[the_ad_group id="30365"]

बीआरडी में टेली मानस सेंटर सेवा शुरू, 24 घंटा मौजूद रहिहें काउंसलर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी मेडिकल कॉलेज में टेली मानस सेंटर (टेली मेंटल हेल्थ असिस्टेंस एंड नेशनल्टी एक्शनेबल प्लान थ्रो स्टेट्स) के सोमार से शुरुआत हो गइल बा। मरीज सेंटर में 24 घंटा मौजूद रहे वाले काउंसलर से परामर्श ले पइहें।

राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के तहत पूर्वांचल में मानसिक बीमारी से जूझ रहल मरीजन खातिर बीआरडी मेडिकल कॉलेज में टेली मानस सेंटर खोलल गइल बा। काउंसलर डॉक्टरन के मदद ले के मरीजन के सहायता करिहें। सथही दवाई के जानकारी भी दीहल जाई।

मानस सेंटर के चलवले के जिम्मेदारी बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मानसिक रोग विभाग के मिलल बा। सेंटर खातिर सीएमओ कार्यालय से 11 कर्मचारी तैनात कइल गइल बानें। विभाग के एसोसिएट प्रोफेसर डॉ. आमिल हयात खान एकर नोडल अधिकारी बनावल गइल बानें। ऊ बतवनें कि मरीजन के अस्पताल के चक्कर नाइ लगावे के पड़ी।

एह टोल फ्री नंबर पर कs सकतनीं संपर्क

डॉ. आमिल बतवलें कि मरीज एह 18008914416 टोल फ्री नंबर पs संपर्क कs सकतने। एह पर 24 घंटा के सुविधा मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]