[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री दीहें 1821 करोड़ के विकास परियोजना के सौगात, इहां देखीं पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर निकाय चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री जिला के 1821.61 करोड़ रुपया के परियोजना के सौगात दीहें। एहमें गोड़धोइया नाला, खजांची फ्लाईओवर, सीवरेज योजना जोन सी पार्ट टू अउर भटहट-बांसस्थान फोरलेन मार्ग के निर्माण कार्य शामिल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दू दिन के दौरा पर 27 नवंबर के दूपहर बाद अइहें। साँझ 4.30 बजे से स्पोर्ट्स कालेज में आयोजित होखे वाले कार्यक्रम में चार बड़ परियोजना के शिलान्यास करिहें। इनके पूरा होखले पर शहर के एगो बड़ हिस्सा में रह रहल लोग के जलभराव से मुक्ति मिलले के संगे जाम के समस्या से निजात मिल सकsता। 21 वार्ड में सीवरेज व्यवस्था दुरुस्त होई।

अपने प्रवास के दूसरे दिन 28 नवंबर के मुख्यमंत्री, चंपा देवी पार्क में आयोजित होखे वाले सामूहिक विवाह कार्यक्रम में शामिल होइहें। ऊ इहां करीब एक हजार जोड़न के आशीर्वाद दीहें।

गोड़धोइया नाला के निर्माण पर 474 करोड़ खर्च होई

करीब 10 किलोमीटर में फइलल गोड़धोइया प्राकृतिक नाला के पक्का बनावल जाई। त्वरित आर्थिक विकास योजना के तहत नाला के निर्माण अउर उनके दूनों ओर सड़क बनवले खातिर शासन 474 करोड़ 42 लाख रुपया स्वीकृत कइल गइल बा। नाला शुरूआत में चौड़ाई 10 मीटर होई अउर आखिर में यानी रामगढ़ताल के पास 20 मीटर होई। एही तरह, कौवाबाग से बरगदवां फोरलेन पर प्रस्तावित खजांची फ्लाईओवर के निर्माण 96 करोड़ 50 लाख रुपया के लागत से होई।

21 वार्डन के सीवरेज नेटवर्क से जोड़ल जाई

गोरखपुर सीवरेज जोन सी पार्ट टू योजना से रोहिन नदी में गीरे वाले तीन नाला (स्टेपिंग स्टोन नाला, बरगदवा गांव जालान नाला अउर महेसरा मोहरीपुर नाला) से संबंधित 21 वार्डन के सीवरेज नेटवर्क से जोड़ल जाई। एकर लागत 561 करोड़ 34 लाख रुपया बा।

एकरे तहत 188.47 किलोमीटर सीवर लाइन बिछावल जाई, 30 एमएलडी के सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट (एसटीपी) लगावल जाई। एसे 43 हजार 963 घर सीवर लाइन से जुड़ सकी। 11.61 किलोमीटर लमहर भटहट-बांसस्थान मार्ग के चौड़ीकरण कs के एके फोरलेन बनवले पर 689 करोड़ 35 लाख रुपया खर्च कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]