दिल्ली में मुंडका मेट्रो के लगे लागल आग में बिहार के तीन महिला लापता

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2022

Delhi Mundka Fire: दिल्ली में मुंडका मेट्रो स्टेशन के लगे सुक के साँझ के एगो इमारत में भीषण आग लगला से 27 लोगो के मौत हो गइल। ओहिजा 12 लोग गंभीर रूप से जख्मी भइल

Share

Delhi Mundka Fire: दिल्ली में मुंडका मेट्रो स्टेशन के लगे सुक के साँझ के एगो इमारत में भीषण आग लगला से 27 लोगो के मौत हो गइल। ओहिजा 12 लोग गंभीर रूप से जख्मी भइल बा। अइसन बतावल जा रहल बा कि एह हादसा में बिहार के तीन गो महिला लो लापता हो गइल बा लो।

कुल 27 शव बरामद

दिल्ली फायर डायरेक्टर अतुल गर्ग बतवले कि मुंडका मेट्रो स्टेशन के लगे आग लागे आला तीन मंजिला बेवसायिक इमारत से अब ले कुल 27 शव बरामद कइल गइल आ 100 से जादे लोगन के रेस्क्यू कइल गइल। देर रात बहुते मशक्कत के बाद आग पर काबू पावल गइल।

बिहार के महिला लापता

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार गया जिला के रहे आली गीता देवी के कवनो खबर नइखे मिल सकल, ऊ तीन साल पहिले मरद के मौत के बाद से किराया के मकान में रहत रहली। थी. ओहिजा मुजफ्फरपुर के रहे आली मधु अपना बहिन जूसी सिंह के संगे ओहि अपार्टमेंट में काम करती रहली।

महिला फोन कके पति के देली जानकारी 

एकर अलावे सहरसा जिला के सोनी ने अपना पति मनोज के फोन कs के हादसा के जानकरी देत बचावे के गुहार लगवले रही। जवना के बाद बाद मनोज मवका पs पहुंचले बाकिर उनका उहां आपन मेहरारू ना मिलली।

4.40 बजे आग लागे के मिलल सूचना 

बता दी की दिल्ली के पश्चिमी इलाका में मुंडका मेट्रो स्टेशन के पिलर संख्या 544 के लगे 3 मंजिला बेवसायिक इमारत में आग लगला से 27 लोग के जिंदा जरके मौत हो गइल। दमकल विभाग के अधिकारियन के मोताबिक साँझ के 4.40 बजे ओह लो के आग लागे के सूचना मिलल।

30 गो दमकल गाड़ियन के मवक पs भेजल गइल

आग के सूचना मिलला के बाद 30 दमकल गाड़ियन के मवका पs भेजल गइल। इहां इमारत में CCTV कैमरा आ राउटर के निर्माण आ पैकेजिंग के काम होला। घटना के बेरा इमारत में 76-77 लोगन के काम करे के जानकारी मिलल बा।

कंपनी के मालिक के कइल गइल गिरफ्तार 

तीन मंजिला बेवसायिक इमारत में लगला के घटना के बाद पुलिस कंपनी के मालिक हरीश गोयल आ वरुण गोयल के पहिले हिरासत में लिहल गइल आ फेर गिरफ्तार कs लिहल गइल। वरुण गोयल आ सतीश गोयल के दिल्ली पुलिस गैर इरादतन हत्या के आरोप में गिरफ्तार कइले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.