[the_ad_group id="30365"]

iPhone 16 लॉन्च से पहिले मुकेश अंबानी देलें तोहफा, iPhone 15 Pro Max के घट गइल दाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

iPhone 16 लॉन्च से पहिले मुकेश अंबानी देलें तोहफा, iPhone 15 Pro Max के घट गइल दाम

ई कुछ वरिसन से ट्रेंड बन गइल बा, जब नया आईफोन ले आवल जात बा, पुरान आईफोन के कीमत अचानक से घट जात बा। एह साल iPhone 16 Series के लेके यूजर्स के क्रेज नइखे थम रहल। लॉन्च से पहिलही से 2023 के पॉपुलर iPhone 15 Series के दाम घट गइल बा। जी हs, आईफोन खरीदारी के ई एगो सही मवका हो सकत बा। रिलायंस डिजिटल स्टोर पs iPhone 15 Pro Max सस्ता मिल रहल अब। बिहान नया आईफोन लॉन्च हो रहल बा, एकरा पहिलही iPhone 15 Pro Max के खरीदारी कम दाम पs करे के मवका मिल रहल बा।

iPhone 15 Pro Max के कीमत

iPhone 15 Pro Max के कीमत के बात करीं तs बीतल साल एह फोन के 256GB मॉडल 1,59,900 रुपिया में ले आवल गइल रहे। अब एही मॉडल के कीमत घट के 137,990 रुपिया पs आ गइल रहे। माने फोन पs कुल 21,910 रुपिया के सीधी बचत करे के मवका होई।

एकरा अलावे, फोन के खरीदारी ICICI Bank Credit Cards से करत बा तs 5000 रुपिया के डिस्काउंट पावल जा सकी। AU Bank Credit Cards पs फोन किनत बा तs 6000 रुपिया के डिस्काउंट मिली। BOB Credit Card आ OneCard Credit Cards पs 1000 रुपिया के छूट पा सकत बा।

iPhone 15 Pro Max के खूबी 

iPhone 15 Pro Max के कंपनी A17 Pro चिपसेट के संगे ले आवत बा। फोन अब तक के सबसे फास्ट सीपीयू 6 कोर CPU के साथ आवेला। प्रो मॉडल गेमिंग खातिर एगो बेहतरीन डिवाइस बा। फोन 6.7 इंच सुपर रेटिना XDR डिस्प्ले के संगे आवेला। एह सीरीज के टॉप मॉडल प्रो कैमरा सिस्टम, 48MP मेन, अल्ट्रावाइड आ टेलीफोटो सेंसर के संगे आवेला। फोन 12MP फ्रंट कैमरा के संगे  आवत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]