[the_ad_group id="30365"]

मोटोरोला के सबसे बड़ डिस्प्ले वाला फ्लिप फोन आज लॉन्च Motorola Razr 50

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नयका मोटो फ्लिप फोन के लैंडिंग पेज अमेजन पs कई दिन से लाइव बा। असल में कंपनी चीन में इ फोन लॉन्च कऽ चुकल बिया। एकरा अलावे मोटोरोला रेजर 50 अल्ट्रा भारत में पहिलही से एंट्री हो चुकल बा। अब मोटोरोला रेजर 50 के बारी आ गइल बा। कंपनी के इ फोन एह सेगमेंट के सबसे बड़ एक्सटर्नल डिस्प्ले के संगे पेश कइल जाता।

मोटोरोला आज अपना भारतीय ग्राहकन खातिर आपन फ्लिप फोन मोटोरोला रेजर 50 लॉन्च कर रहल बा। एह फोन के लैंडिंग पेज कई दिन पहिले ऑनलाइन शॉपिंग वेबसाइट अमेजन पs लाइव हो चुकल बा। असल में कंपनी चीन में एह फोन के लॉन्च क चुकल बिया। एकरा अलावे मोटोरोला रेजर 50 अल्ट्रा भारत में प्रवेश कऽ चुकल बा। अब मोटोरोला रेजर 50 के बारी आ गइल बा। कंपनी के इ फोन ए सेगमेंट के सबसे बड़ एक्सटर्नल डिस्प्ले के संगे पेश कइल जाता। आज दुपहरिया बारह बजे फोन लॉन्च हो गइल। आईं मोटोरोला फ्लिप फोन के स्पेसिफिकेशन पर नजर डालल जाव-

एक्सटर्नल डिस्प्ले

Motorola Razr 50 के कंपनी 3.6 इंच pOLED display के साथे लिआ रहल बिया। फोन 1700 निट्स पीक ब्राइटनेस आ एसजीएस आई प्रोटेक्शन के साथे लिआवल जा रहल बा।

डिजाइन

मोटोरोला फोन के कंपनी वीदन लैदर फिनिश डिजाइन के साथे लिआ रहल बिया। कंपनी के कहनाम बा कि फ्लिप होखे वाला इ फोन पोकेट में आसानी से फिट होखे वाला डिजाइन के साथे लिआ वल जा रहल बा।

कैमरा

Razr 50 Ultra के 50MP मेन सेंसर आ अल्ट्रावाइड+ मैक्रो सेंसर के साथे लिआवल जा रहल बा। फोन क्वाड पिक्सल टेक्नोलॉजी के साथे 32MP फ्रंट कैमरा से लैस होई।

मोटोरोला के एह फ्लिप फोन के लेके कंपनी के कहनाम बा कि डिवाइस 4 लाख फोल्डस खातिर सर्टिफाइड बा। एकरा अलावा, इ फोन एक्सटर्नल डिस्प्ले पs गूगल जेमिनी सपोर्ट के साथ आवेला। फोन के इस्तेमाल मोटो एआई के साथे बेहद खास होई।

मोटोरोला फोन के दाम

मोटोरोला रेजर 50 के दाम आ बाकी स्पेसिफिकेशन के बारे में आधिकारिक जानकारी आज बतावल जाई। लॉन्च के बाद रउआ कंपनी के इ फोन मोटोरोला के आधिकारिक इंडिया वेबसाइट से देख सकऽतानी। एकरा अलावा एह फोन के अमेजन पs चेक कइल जा सकऽता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]