[the_ad_group id="30365"]

Team India: न्यूजीलैंड सीरीज खातिर टीम घोषित, टी20 में पृथ्वी शॉ के मिलल मौका 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूजीलैंड के खिलाफ तीन वनडे आ तीन टी20 के संगे-संगे ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सुरुआती दु टेस्ट मैचन खातिर टीम इंडिया के एलान हो गइल बा। अनुभवी बल्लेबाज केएल राहुल आ अक्षर पटेल न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे आ टी20 सीरीज में निजी कारणन से ना खेली लोग।

भारतीय टीम न्यूजीलैंड के खिलाफ 18, 21 आ 24 जनवरी के तीन वनडे मैच खेली। ओकरा बाद 27, 29 जनवरी आ एक फरवरी के तीन टी20 मैच होई।

पृथ्वी शॉ (फाइल फोटो)

न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 खातिर चुनल गइले पृथ्वी शॉ

रणजी ट्रॉफी में मुंबई खातिर असम के खिलाफ 379 रन के पारी खेले वाललापृथ्वी शॉ के वापसी जुलाई 2021 के बाद टीम इंडिया में भइल बा। उनका के न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर चुनल गइल बा। शॉ एकरा पहिले सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी में धमाकेदार प्रदर्शन कइले रहस। रणजी ट्रॉफी में उनका तिहरा शतक के बाद बीसीसीआई के सचिव जय शाह उनकर तारीफ कइले रहस।

न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर टीम:

हार्दिक पांड्या (कप्तान), सूर्यकुमार यादव (उपकप्तान), ईशान किशन (विकेटकीपर), ऋतुराज गायकवाड़, शुभमन गिल, दीपक हुड्डा, राहुल त्रिपाठी, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, युजवेंद्र चहल, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक, शिवम मावी, पृथ्वी शॉ, मुकेश कुमार।

केएस भरत (फाइल फोटो)

वनडे टीम में भइल भरत आ शाहबाज अहमद के चयन

केएल राहुल आ अक्षर पटेल के ना होखला के कारण न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर विकेटकीपर केएस भरत आ ऑलराउंडर शाहबाज अहमद के चुनल गइल बा। श्रीलंका के खिलाफ वनडे में ना खेले वाला शार्दुल ठाकुर के अर्शदीप सिंह के जगह पs चुनल गइल बा।

न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम:

रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, ईशान किशन, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, केएस भरत (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उपकप्तान), वॉशिंगटन सुंदर, शाहबाज अहमद, शार्दुल ठाकुर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, उमरान मलिक।

India Squad: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला दु टेस्ट खातिर भारतीय टीम के ऐलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]