[the_ad_group id="30365"]

ICC विमेंस अंडर-19 वर्ल्ड कप आज से: भारत के पहिला मैच मेजबान साउथ अफ्रीका के खिलाफ; जानीं टूर्नामेंट के फॉर्मेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सनीचर से ICC के पहिला अंडर-19 विमेंस वर्ल्ड कप सुरू हो रहल बा। 20 ओवर फॉर्मेट के एह टूर्नामेंट में भारत अपना अभियान की सुरुआत आज से करी। पहिला मैच होम टीम साउथ अफ्रीका के खिलाफ सांझ 5:15 बजे से बेनोनी के स्टेडियम में होई। 16 टीमन के टूर्नामेंट में कुल 41 मैच होई। 29 जनवरी के फाइनल खेलल जाई।

आगे खबर में हमनी के भारत आ साउथ अफ्रीका अंडर-19 टीम के पॉसिबल प्लेइंग इलेवन देखीं। संगही टूर्नामेंट कवना फॉर्मेट में हो रहल बा आ भारत के अगिला राउंड में पहुंचे खातिर का करे के होई, इहो जानल जाई। सबसे पहिले देखीं आज के मैचन के शेड्यूल…

अब जानीं टूर्नामेंट के बारे में

14 जनवरी से सुरू हो रहल टूर्नामेंट 29 जनवरी तक चली। साउथ अफ्रीका टूर्नामेंट होस्ट कर रहल बा। अंडर-19 वर्ल्ड कप के बाद 9 फरवरी से इहां विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप होई। बेनोनी आ पोचेस्ट्रूम शहर के 4 स्टेडियम में अंडर-19 वर्ल्ड कप के सब मैच खेलल जाई। 16 टीमन के 4-4 के चार अलग ग्रुपन में बांटल गइल बा। टीम इंडिया मेजबान साउथ अफ्रीका, स्कॉटलैंड आ UAE के संगे ग्रुप-डी में बा।

चारों ग्रुप के टॉप-3 टीम सुपर-6 राउंड में जाई। एसे 6-6 टीमन के 2 पुल बनीं। ग्रुप-ए आ ग्रुप-डी के 3-3 टीम पुल-1 में जाई। ग्रुप-बी आ ग्रुप-सी के 3-3 टीम पुल-2 में जाई। दुनो पुल के 2-2 टॉप टीम सेमीफाइनल खेली। सेमीफाइनल जीते वाला टीम फाइनल में पहुंचिहें सs। फाइनल जीते वाला टीम ICC के पहिला अंडर-19 विमेंस वर्ल्ड कप के चैंपियन बनी।

देखीं कवना ग्रुप में कवन टीम बा…

ग्रुप स्टेज में 3 मैच खेली भारत

टीम इंडिया शेफाली वर्मा के कप्तानी में उतरल बा। 15 सदस्यीय स्क्वॉड के उप कप्तान श्वेता सेहरावत बाड़ी। संगही भारत के सीनियर टीम से खेल चुकल विकेटकीपर ऋषा घोष टीम में सामिल बाड़ी। सनीचर सांझ 5:15 बजे बेनोनी के विलोमूर पार्क स्टेडियम में भारत के पहिला मैच साउथ अफ्रीका से होई। 16 जनवरी के दुपहरिया 1:30 बजे यूएई से दूसरा आ 18 जनवरी के सांझ 5:15 बजे स्कॉटलैंड से भारत के तीसरा मैच होई। सब मैच बेनोनी स्टेडियम में होई।

भारत कइसे पहुंची अगिला राउंड में

ग्रुप स्टेज में भारत के 3 में से कम से कम 2 मैच जीते के होई। अइसन होखला पs टीम इंडिया ग्रुप स्टेज के टॉप-3 टीमन में रही आ सुपर-6 राउंड में पहुंच जाई। सुपर-6 राउंड में 12 टीमन के बीच कुल 14 मैच होई। एक टीम 2 मैच खेली। सेमीफाइनल खेले खातिर भारत के दुनो मैच जीते के होई।

साउथ अफ्रीका के 4-0 से सीरीज हरवले रहे टीम इंडिया

टूर्नामेंट से पहिले भारत साउथ अफ्रीका के खिलाफ 5 मैचन के टी-20 सीरीज खेलले रहे। भारत के एमे 4-0 से जीत मिलल रहे। एगो मैच बरखा के कारण धुल गइल रहे। 9 आ 11 जनवरी के अंडर-19 टूर्नामेंट के 16 वॉर्म अप मैच खेलल गइल। भारत 2 मैच खेलल। पहिला मैच में टीम ऑस्ट्रेलिया के 18 रन से हरवलस। बाकिर, दूसरका मैच में हमनी के बांग्लादेश के हाथन 3 रन से हार झेले के पड़ल।

दुनो टीमन के पॉसिबल प्लेइंग इलेवन

भारत: शेफाली वर्मा (कप्तान), श्वेता सेहरावत, सौम्या तिवारी, सोनिया मेंधिया, रिचा घोष (विकेटकीपर), हर्ले गाला, टिटास सधु, अर्चना देवी, मन्नत कश्यप, सोनम यादव आ एमडी शबनम।

साउथ अफ्रीका: ओलुहले सियो (कप्तान), ई जांसे वान रेंसबर्ग, सिमोन लॉरेंस (विकेटकीपर), कराबा मेसो, मेडिसन लैंड्समेन, कायला रेनेके, अनिका स्वार्ट, जेम्मा बोथा, जेन्ना एवंस, अयांडा लुबी आ सेशनी नाईडु।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]