[the_ad_group id="30365"]

India Squad: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला दु टेस्ट खातिर भारतीय टीम के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला दु टेस्ट मैच खातिर भारतीय टीम के घोषणा कs दिहल गइल। बीसीसीआई ट्वीट कs के एकर जानकारी देलस। टीम में रवींद्र जडेजा के जगे दिहल गइल बा। बाकिर ई उनका फिटनेस पs निर्भर होई।

अखिल भारतीय वरिष्ठ चयन समिति बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के खातिर भारत के मास्टरकार्ड ऑस्ट्रेलिया दौरा के पहिला दु टेस्ट खातिर भारत के टीम के ऐलान कइले बा। आस्ट्रेलिया के ई दौरा 9 फरवरी से नागपुर में सुरू होई। ई बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के आखिरी संस्करण होई जवन 4 मैचन के टेस्ट सीरीज होई

रवींद्र जडेजा के भइल टीम में वापसी

भारतीय टीम में सूर्यकुमार आ ईशान किशन के सामिल कइल गइल बा। ओहिजा, टीम में रवींद्र जडेजा के वापसी भइल बा, बाकिर टीम में सामिल होखल उनका फिटनेस पs निर्भर होई। भारत केएस भरत के चुनले बा। रिषभ पंत के अनुपस्थिति में ईशान किशन के मवका दिहल गइल बा।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला दु टेस्ट खातिर भारत के टेस्ट टीम:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उप-कप्तान), शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएस भरत (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), आर अश्विन, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, रवींद्र जडेजा, मो. शमी, मो. सिराज, उमेश यादव, जयदेव उनादकट, सूर्यकुमार यादव।

नोट: रवींद्र जडेजा के टीम में सामिल होखल फिटनेस पs निर्भर करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]