[the_ad_group id="30365"]

लंपी प्रभावित सात मंडलन में आज से उतरी टीम-9, तीन सितंबर ले चलावल जाई अभियान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लंपी रोग से प्रभावित 7 मंडलन में आज से टीम-9 के नोडल अधिकारी तेजी से कार्य शुरू करिहें। देखल जाई कि कौन मंडल के स्थिति कइसन बा अउरी एकर सूचना शासन के भेजल जाई। एह अभियान में लंपी के प्रसार के पूरा तरीका से रोके के कवायद कइल जाई।

29 अगस्त से 03 सितंबर ले लंपी प्रभावित सात मंडल मुरादाबाद, सहारनपुर, अलीगढ़, मेरठ, आगरा, बरेली तथा झांसी छह दिवसीय अभियान चलाने के कहल गइल बा। पशुधन मंत्री धर्मपाल सिंह के मुताबिक ए मंडलन में टीम 9 के गठन कइल गइल बा ताकि इहां के स्थिति के सही तरह से आकलन कइल जा सकी। सथही एह मंडलन में तेजी से काम शुरू क के एह बीमारी के फइले से रोकल जा सकी। सब मंडलन में नोडल अधिकारी बनावल गइल बानें। जे सोमार से मंडल में काम शुरू क दीहें। एह मंडल के लेकर विभाग एतना गंभीर बा कि एह मंडलन के विभागीय अधिकारियन अउरी कर्मचारियन के छुट्टियों निरस्त क देहल गईल बा। नोडल अधिकारियन के भी एह मंडल में ही रात्रि प्रवास कइलें के निर्देश दिहल गइल बा।

ई ह टीम 9

टीम-09 में पशुधन मंत्री धर्मपाल सिंह अध्यक्ष रहिहें। इनकरा अलावा अपर मुख्य सचिव, डा. रजनीश दुबे अउरी पीसीडीएफ के प्रबंध निदेशक कुणाल सिल्कू के मुरादाबाद मंडल, दुग्ध आयुक्त शशि भूषण लाल सुशील के सहारनपुर, , विशेष सचिव पशुधन देवेन्द्र पांडेय के अलीगढ़,, विशेष सचिव दुग्ध विकास राम सहाय यादव के मेरठ, संयुक्त निदेशक डा. अरविंद कुमार सिंह के आगरा, आजमगढ़ के अपर निदेशक डा. तरुण कुमार तिवारी के बरेली अउरी डा. एसपी पांडेय के झांसी मंडल के नोडल अधिकारी नामित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]