[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के हाल: लंपी के के कहे, मुंहपका लें के वैक्सीन नाइ बा उपलब्ध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लंपी वायरस से निपटले के चुनौती सोझे आइल बा, लेकिन पशुपालन विभाग के तैयारी अधूरा बा। लंपी के के कहे, पशुअन के मुंहपका अउरी खुरपका ले के वैक्सीन नाइ बा। एसे पशुपालक परेशान बानें। टीकाकरण अभियान एक तरह से ठप पड़ल बा।

बेलघाट विकासखंड के बभनौली गांव के एगो गाय में लंपी वायरस के लक्षण मिलल बा। एकरे बावजूद पशुपालन विभाग के अफसर मौन बानें। मामला सोझा अइले के बादो टीम बेलघाट नाइ गइल अउरी गाय के खून के नमूना जांच खातिर नाइ भेजल गइल। एसे ग्रामीणन में खीस बा

जौने गाय के शरीर में गांठ, घाव के निशान बा, ओकर इलाज 16 दिन से चल रहल बा । अब ले गाय ठीक नाइ बा।। एही बीच मुंहपका अउरी खुरपका के वैक्सीन खत्म होखला के मामिला सामने आ गइल। पशुपालक अजय कुशवाहा के कहनाम बा कि टीका के कमी बा। एही से टीकाकरण अभियान के गति नाइ मिल पा रहल बा।

पशु चिकित्साधिकारी के बुला के लिहलें जानकारी

बेलघाट क्षेत्र के एक गाय में लंपी के लक्षण मिलला के बाद मुख्य पशु चिकित्साधिकारी वीपी सिंह बियफ़े के बेलघाट के पशु चिकित्साधिकारी के जिला मुख्यालय पर बोलवलें। पूरा मामिला के जानकारी लिहलें, लेकिन मौका पर कौनो पशु डॉक्टर नाइ गइलें।

मुख्य पशु चिकित्साधिकारी वीपी सिंह बतवलें कि जनपद में ही नाइ, पूरे प्रदेश में लंपी के टीका के कौनो व्यवस्था नाइ बा। दूसरे प्रदेशन में लंपी से मिलत-जुलत रोग के टीका पशुअन के लगावल जा रहल बा। खुरपका अउरी मुंहपका के टीका भी नाइ बा।। लंपी वायरस के जानकारी मिलतही टीम लगावल जाई। इलाज के हर संभव प्रयास कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]