[the_ad_group id="30365"]

कुछुए महीना में बाजार में मिली सर्वाइकल कैंसर रोधी वैक्सीन, भइल ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सर्वाइकल कैंसर से बचाव खातिर सीरम इंस्टीट्यूट के तैयार कइल गइल स्वदेशी वैक्सीन (HPV vaccine) अगिला कुछ महीना में बाजार में आ जाई। सीरम के प्रमुख अदार पूनावाला एकर कीमत सहित कई बात के ले के बियफ़े के कई अहम बात कहलें।

पूनावाला बतवलें कि वैक्सीन के कीमत उत्पादक अउरी भारत सरकार से चर्चा के बाद तय कइल जाई, लेकिन ई लगभग 200 से 400 रुपये के बीच होई। बियफ़े के एह वैक्सीन के वैज्ञानिक पूर्णता के अवसर पर आयोजित एगो कार्यक्रम में केंद्रीय विज्ञान अउर प्रौद्योगिकी मंत्री जितेंद्र सिंह भी शामिल भइलें। वैज्ञानिक पूर्णता से आशय ई बा कि टीका से संबंधित शोध अउरी विकास के काम पूरा हो गइल बा अउर टीका के जनता के उपलब्ध करावे के अगिला चरण होई।

जितेंद्र सिंह कहलें कि भारत सर्वाइकल कैंसर खातिर स्वदेशी रूप से विकसित पहिला टीका ले के आइल बा। ई बीमारी कम उम्र के महिला में प्रचलित बा। ई वैक्सीन सस्ता होई। देश के पहिले क्वाड्रिवेलेंट ह्यूमन पैपिलोमावायरस वैक्सीन (क्यूएचपीवी) के ले के अदार पूनावाला कहलें कि सर्वाइकल कैंसर के रोकथाम खातिर ई देश में विकसित पहिला टीका ह। उ कहलें कि पीएम नरेंद्र मोदी के प्रयास के धन्यवाद, जेकरे चलते देश में बचावकारी दवाई अउरी टीका के विकास हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]