[the_ad_group id="30365"]

अकबर के मकबरा मे इंटरप्रिटेशन सेंटर के निर्माण के काम भइल शुरू, वीडियो अउर पुरान पेंटिंग से जान सकल जाई इतिहास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुगल शहंशाह अकबर के मकबरा सिकंदरा में जब नयका साल में घूमे जाए त वीडियो फिल्म अउर पुरान पेंटिंग के जरिए मकबरा के निर्माण अउर एकर इतिहास समझ सकिहें। भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के ओर से मकबरा में इंटरप्रिटेशन सेंटर के निर्माण कइल जा रहल बा। सिकंदरा स्मारक के मुख्य प्रवेश द्वार के पूर्वी दालान में टॉयलेट ब्लॉक से पहिले काम शुरू कs दिहल गइल बा। जालियन के जरिए दालान के कवर कs के इहां बड़ एलईडी लगावल जाई अउर एत्माद्दौला के तरह पुरान पेंटिंग अउर सिकंदरा के निर्माण के कहानी बयां कइल जाई।

एएसआई के अधीक्षण पुरातत्वविद राजकुमार पटेल बतवलें कि अकबर के मकबरा में पर्यटक के स्मारक के इतिहास, वास्तुकला अउर समय-समय पर भइल संरक्षण काम के जानकारी मिल सकी। एह पs 18 लाख रुपया व्यय होई। सिकंदरा पर आधारित डाक्यूमेंट्री के प्रदर्शनो इहां कइल जाई। पूर्वी दालान में सेंटर बनावे खातिर एह दिनों सिविल वर्क के काम कइल जा रहल बा। लोहा के जालीदार फ्रेम बना के लगावे के काम चल रहल बा।

ऊ बतवलें कि जी-20 के मेजबानी मिलले के बाद एह सेंटर के निर्माण के काम जल्दी पूरा करावल जाई, ताकि विदेशी पर्यटकन के सिकंदरा भ्रमण के दौरान इंटरप्रिटेशन सेंटर में उनके जानकारी दीहल जा सकी। सिकंदरा के सथही फतेहपुर सीकरी में भी इंटरप्रिटेशन सेंटर के काम शुरू कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]