[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: जीप से कुचलके कॉलेज जा रहल शिक्षक के मौत, रो-रोके परिजनन के बुरा हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में सिकरीगंज थाना क्षेत्र के ढेबरा पुलिया के लगे सोमार के सबेरे ग्यारह बजे जीप से कुचलके शिक्षक दिनेश कुमार त्रिपाठी (45) के मौत हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, सहजनवां थाना क्षेत्र के ग्राम अलगतपुर निवासी दिनेश कुमार त्रिपाठी बेलघाट थाना क्षेत्र के पिपरसंडी में इस्थित महाविद्यालय में शिक्षक के पद पs कार्यरत रहस। सोमार के पढ़ावे खातिर अपना बाइक से घर से महाविद्यालय खातिर जात रहलें।

करीब 11 बजे सिकरीगंज थाना क्षेत्र के ढेबरा पुलिया के लगे पहुंचल रहस कि तबे कमांडर जीप उनका के जोरदार टक्कर मार देलस। जवना से ऊ बुरी तरह से घायल हो गइलें।

उनका के आनन-फानन में प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र उरुवा पहुंचावल गइल। जहां डॉक्टर गंभीर हालत देखत जिला अस्पताल खातिर रेफर कs दिहल। जिला अस्पताल ले जात घरी समय रास्ता में मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]