[the_ad_group id="30365"]

‘दिल से बुरा लगता है’ टैगलाइन से मशहूर हास्य अभिनेता देवराज पटेल के मौत हो गइल, तेज रफ्तार से आवत ट्रक से सबके हँसावे वाला के मौत हो गइल!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ के मशहूर यूट्यूबर आ कॉमेडियन देवराज पटेल के सोमार के एगो सड़क दुर्घटना में मौत हो गईल। ‘ दिल से बुरा लगता है’ टैगलाइन से पूरा सोशल मीडिया में मशहूर भईल देवराज अपना बाइक से जात रहले , ओहि घरी एगो तेज रफ्तार ट्रक उनका के धका मार देलस। घटनास्थले पs उनकर मऊत हो गईल। सीएम भूपेश बघेल उनका मऊत पs दुख जतवले बाड़े।

यूट्यूब प कॉमेडी वीडियो बना के सभके हंसावे वाला देवराज पटेल हमेशा खाती सुत गईले। महासमुंद जिला के रहेवाला देवराज पटेल के मस्ती आ हँसी फेरु ना सुनाई दिही ना देखाई दिही। अपना टैगलाइन दिल से बड़ा लागत है यार खातिर जानल जाए वाला देवराज के सोमार का दिने एगो सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल. देवराज एगो अउरी हास्य अभिनेता भुवन बाम के साथे एगो पर्सनालिटी “इस ढंदौरा” में भी काम कइले रहले, जे सोशल मीडिया पर खूबे मशहूर बाड़े। देवराज के निधन के बाद छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल ट्वीट क के उनुका के श्रद्धांजलि देले।

तेज गति के मासूम शिकार

बतावल जाता कि देवराज पटेल राजधानी रायपुर के तेलीबंधा थाना के लभंडी इलाका के नजदीक बाइक प जात रहले। ओकरा के पीछे से आवत तेज रफ्तार ट्रक धाका मार दिहलस। हादसा में देवराज के जगहे प मौत हो गईल। देवराज के निधन से राज्य में उनुकर प्रशंसक शोक में डूब गइल बाड़े ।

सीएम भूपेश के संगे कॉमेडी करत लउकल रहले देवराज

सोशल मीडिया प कॉमेडी वीडियो बनावे वाला देवराज पटेल ‘दिल से बड़ा लागता है’ मीम बना के हरमेसा चरचा में रहले। एक बेर मुख्यमंत्री भूपेश बघेलो उनुका कॉमेडी वीडियो में भाग लेले रहले। देवराज अपना आवास पs सीएम भूपेश से मुलाकात के दौरान एगो वीडियो बनवले रहले जवन कि खबर में आईल रहे। एहमें देवराज सीएम भूपेश के देखावत कहले कि “छत्तीसगढ़ में महज दू लोग मशहूर बा, एगो हम आ दोसरका मोर काका”. एह वीडियो में देवराज पटेल भूपेश बघेल काका से कहले कि “एक बात बोलुन क्या, टीवी से लाइव ग्राउंड स्मार्ट दिखथास काका”।

माने कि एगो बात बोलीं का,टीवी के लाइव से बेसि काका सोझा देखला पs स्मार्ट लागेले।

सीएम दुख जतवले

देवराज के निधन के बादे मुख्यमंत्री भूपेश बघेल एही वीडियो के ट्वीट कs के संवेदना जतवले। सीएम आपन वीडियो शेयर करत लिखले कि, “हमनी के सभके हंसावे वाला अवुरी दिल से बुरा लागता है, से सैकड़न लोगन के बीच आपन जगह बनावे वाला देवराज पटेल आज हमनी के छोड़ के चल गईले”। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री बघेल भगवान शिव से प्रार्थना कईले बाड़े कि उ उनका परिवार अवुरी प्रियजन के दु:ख सहे खाती ताकत देस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]