[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में हादसा: धर्मशाला ओवरब्रिज पs चलत कार में आग लागल, चालक कूदके बचवलस जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शाहपुर के बसंतपुर निवासी वीरेंद्र साहनी आपन कार सर्विसिंग खातिर गुलरिहा इस्थित सर्विस सेंटर में देले रहस। रुटीन सर्विसिंग के बाद कार लेके ऊ गोलघर के तरफ से आवत रहस। दुपहरिया 1. 30 बजे के करीब ऊ धर्मशाला पुल पs पहुंचल रहस कि कार से अचानके धुआं निकले लागल।

सर्विस सेंटर से कार के सर्विसिंग कराके लवट रहल बसंतपुर के वीरेंद्र के कार में धर्मशाला ओवरब्रिज पs अतवार के दूपपहरिया 1.30 बजे अचानके आग लाग गइल। राहगीरन के सूचना पs वीरेंद्र कार रोकलें आ कूदके बाहर अइलें। बाद में फायर के गाड़ी आग पs काबू पवली सs।

आग के वजह से एक घंटा तक आवागमन प्रभावित रहल। गाड़ियन के लमहर कतार लगला पs पुलिस डायवर्ट कs के वाहनन के निकललस। दूपपहरिया 2.35 बजे के करीब आवागमन के सुरू करावल जा सकल। आग के वजह शार्ट सर्किट मानल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, शाहपुर के बसंतपुर निवासी वीरेंद्र साहनी आपन कार सर्विसिंग खातिर गुलरिहा इस्थित सर्विस सेंटर में देले रहस। रुटीन सर्विसिंग के बाद कार लेके ऊ गोलघर के तरफ से आवत रहस। दुपहरिया 1. 30 बजे के करीब ऊ धर्मशाला पुल पs पहुंचल रहस कि कार से अचानके धुआं निकले लागल।

राहगीर लोग कार चालक के एकर जानकारी दिहल। तब तक आग बढ़े लागल रहे। आनन फानन में वीरेंद्र कार से कूदके बाहर आ गइलें। ओहिजा, समूचा कार आग के चपेट में आ गइल आ  धू धू कs के जरे लागल। मवका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के टीम तुरंत आग पs काबू पा लेलस।

एह दौरान ओवरब्रिज पs जाम लाग गइल, जवना के बड़ मशक्कत के बाद खाली करावल जा सकल। जाम में मेडिकल कॉलेज जा रहल एंबुलेंसो फंस गइल, जवना के पुलिस डायवर्ट कs के ओवरब्रिज के नीचे से निकललस। एह दौरान ओवरब्रिज पs बीच में फंसल लोगन के घाम में बहुते परेसान होखे के पड़ल।हालांकि, दु पहिया वाहन चालक दोसरा रास्तन से अपना गंतव्य के गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]