[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के गीडा में एगो प्रतिष्ठान से पकड़ल गइल एक करोड़ के टेक्स चोरी, मौकवे पs करवावल गइल जमा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘वस्तु एवं सेवा कर विभाग'(जीएसटी) के तरफ से अतवार के सातवें दिन भी बिना पंजीयन कारोबार करे वाले प्रतिष्ठानन पर छापा मरलस। गीडा क्षेत्र के एक प्रतिष्ठान से एक करोड़ के टैक्स चोरी पकड़ल गइल। उद्यमी से मौकवे पर 1.03 करोड़ रुपये जमा करवावल गइल। उहवें, महाराजगंज में भी एहो गैस एजेंसी से तीन लाख रुपया जमा करवावल गइल

‘वस्तु एवं सेवा कर विभाग (जीएसटी)’ के आठ टीम अतवार के जोन के छह जिला देवरिया, महराजगंज, बस्ती, सिद्धार्थनगर, कुशीनगर अउर संतकबीरनगर में विभिन्न प्रतिष्ठानन पर छापा मरलस। गोरखपुर में अतवार के कौनो प्रतिष्ठान पर छापा नाइ मारल गइल। गीडा क्षेत्र में एगो प्रतिष्ठान पs शनिचरे से कार्रवाई चलत रहे। 1.03 करोड़ के टैक्स चोरी पकड़ में अइले के बाद मौका पर रुपया जमा करवावल गइल।

उहवें, अन्य जिला में पांच प्रतिष्ठान के कागजात खंगारल गइल। गोरखपुर अउर महराजगंज के दू प्रतिष्ठान से 1.06 करोड़ रुपया के गोलमाल पकड़ल गइल। मौकवे पर व्यापारियन से धनराशि जमा करवावल गइल। एडिशनल कमिश्नर ग्रेड दू देवमणि शर्मा बतवलें कि जांच अभियान एडिशनल कमिश्नर ग्रेड एक विमल कुमार राय के नेतृत्व में चल रहल बा। शासन के निर्देशानुसार अगहूँ जांच चलत रही। अभिन ले रेस्टोरेंट, मेडिकल स्टोर, चश्मा घर, हार्डवेयर के दुकानन पर छापा मारल गइल बा।

जीएसटी विभाग के रमेश दूबे बतवलें कि जांच करे वाली आठ टीम में 32 सदस्य शामिल रहनें। इनके जिम्मे प्रतिष्ठान के सब प्रपत्रन के जांच के अलावा रिकार्ड जमा करवावल अउर टैक्स जमा करवावल होला। ओंने, गोरखपुर में अतवार के भी जीएसटी विभाग के कार्यालय खुलल रहल। एडिशनल कमिश्नर ग्रेड एक अउर विनोद कुमार राय अउर ग्रेड टू देवमणि शर्मा दफ्तर में मौजूद रहनें। कार्रवाई करे गइल टीम से लगातार संपर्क में बनल रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]