[the_ad_group id="30365"]

Firozabad: प्राथमिक विद्यालय के मिड डे मील खइला से बिगड़ी 45 लईकन के तबीयत, मचल अफरा-तफरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला में ओह समय हड़कंप मच गइल, जब एगो सरकारी विद्यालय में मिड डे मील के खाना खाये से तक़रीबन 45 लईकन के हालत बिगड़ गइल। लईकन के हालत बिगड़ला के सूचना पर स्कूल में परिजन पहुंच गइलें। लईकन के समुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में उपचार खातिर करावल गइल, जहां कुछ के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

फिरोजाबाद जिला में सिरसागंज के प्राथमिक विद्यालय किसरांव के ई ममिला हs। इहां के प्राथमिक विद्यालय में मिड डे मील खइला के बाद लईकन के हालत बिगड़ गइल। लगभग 45 लईका अस्पताल पहुंल बावे लोग। लइकन के हालत देख अभिभावकन मे अफरातफरी के माहौल बन गइल। ओहिजा उपचार खातिर अतरिक्त डॉक्टरन के टीम के सिरसागंज बोलावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]