Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Firozabad: प्राथमिक विद्यालय के मिड डे मील खइला से बिगड़ी 45 लईकन के तबीयत, मचल अफरा-तफरी

ई फिरोजाबाद जिला में सिरसागंज के प्राथमिक विद्यालय किसरांव के ममिला हs। इहां के प्राथमिक विद्यालय में मिड डे मील खइला के बाद लईकन के हालत बिगड़ गइल।

496

उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला में ओह समय हड़कंप मच गइल, जब एगो सरकारी विद्यालय में मिड डे मील के खाना खाये से तक़रीबन 45 लईकन के हालत बिगड़ गइल। लईकन के हालत बिगड़ला के सूचना पर स्कूल में परिजन पहुंच गइलें। लईकन के समुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में उपचार खातिर करावल गइल, जहां कुछ के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

फिरोजाबाद जिला में सिरसागंज के प्राथमिक विद्यालय किसरांव के ई ममिला हs। इहां के प्राथमिक विद्यालय में मिड डे मील खइला के बाद लईकन के हालत बिगड़ गइल। लगभग 45 लईका अस्पताल पहुंल बावे लोग। लइकन के हालत देख अभिभावकन मे अफरातफरी के माहौल बन गइल। ओहिजा उपचार खातिर अतरिक्त डॉक्टरन के टीम के सिरसागंज बोलावल गइल बा।

406860cookie-checkFirozabad: प्राथमिक विद्यालय के मिड डे मील खइला से बिगड़ी 45 लईकन के तबीयत, मचल अफरा-तफरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.