[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: जिला प्रशासन के लग्गे जल्दिए होई 700 एकड़ जमीन, कब्जा के प्रक्रिया भइल तेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जल्दिए जिला प्रशासन के लग्गे 700 एकड़ से अधिक जमीन अउर होई। दू स्थान पर जमीन पर कब्जा के प्रक्रिया में शुरू कs दीहल गइल बा। वाराणसी राष्ट्रीय राजमार्ग पर स्थित ताल नदोर में 10 दिन के भीतर जमीन प्रशासन के कब्जा में आ जाई। एही तरे महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर तीन में करीब 300 एकड़ से अधिक जमीन खातिर कोर्ट में पैरवी तेज कइल जाई।

ताल नदोर में करीब 500 एकड़ जमीन बा। एहमें से करीब 20 एकड़ पर दूसरा के कब्जा बा अउर कोर्ट में वादो दाखिल बा। जिला प्रशासन द्वारा एही जमीन के चिह्नांकन करावल जा रहल बा, जौन जमीन खाली बा, पहिले ओपर कब्जा लिहल जाई। एह जमीन पs वेटनरी कॉलेज अउर रीजनल गोरखपुर फिल्म सिटी खातिर जमीन उपलब्ध करावल जा सकsता।

इहवाँ दूसरो कई परियोजना खातिर जमीन मिली। सदर तहसील के टीम कई दिन से प्रपत्रन के जांच अउर चिह्नांकन में जुटल बा, एके कब्जा करे वालन में हड़कंप मचल बा। एही तरे महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर तीन में सीलिंग के जमीन बा। एके ले के हाईकोर्ट में वाद लंबित बा। प्रशासन द्वारा एह मामिला में लगातार पैरवी कइल जा रहल बा।

डीएम कृष्णा करुणेश के कहनाम बा कि ताल नदोर में जमीन के चिह्नित कइले के प्रक्रिया अगिले कुछ दिन में पूरी कs लीहल जाई। सरकारी जमीन जहवाँ बा, प्रशासन ओके अपने कब्जा में ले लेई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]