[the_ad_group id="30365"]

Tata Motors Share Price: टाटा मोटर्स के निवेशकन के हो गईइल चांदी, शेयरन में आइल 8 फीसद से जादे के उछाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Tata Motors के निवेशकन खातिर खुशखबरी आ गइल बा। सोमार के सबेरे के कारोबार में टाटा मोटर्स के शेयरन में आठ प्रतिशत से जादे के तेजी आइल बा। बीएसई पs स्टॉक 8.12 प्रतिशत उछलके 473.10 रुपिया पs पहुंच गइल बा, जबकि एनएसई पs ई 8.14 फीसदी के तेजी के संगे 473.30 रुपिया प्रति शेयर पs पहुंच गइल रहे।

Tata Motors बयान में कहलस कि एह साल जनवरी से मार्च के अवधि में Tata Motors के सबे वाणिज्यिक वाहनन आ Tata Daewoo रेंज के वैश्विक थोक बिक्री 1,18,321 यूनिट्स रहल, जवन वित्तीय वर्ष 2022 के समान अवधि से 3 प्रतिशत जादे रहे। ओहिजा, कंपनी द्वारा सालाना आधार पs आठ प्रतिशत के वृद्धि दर्ज कइल गइल रहे।

जगुआर लैंड रोवर के भारी डिमांग

वित्त बरिस 23 के चउथा तिमाही में जगुआर लैंड रोवर (JLR) के जबरदस्त डिमांग रहल। टाटा मोटर्स वित्त बरिस 23 के चउथा तिमाही में JLR के बिक्री सहित कुल 3,61,361 यूनिट्स ले बिक्री कइलस। मार्च तिमाही में जेएलआर के वैश्विक बिक्री 1,07,386 वाहन रहल, जेमे जगुआर के 15,499 इकाई आ लैंड रोवर के 91,887 इकाई सामिल रहे।

मार्च में भइल जबरदस्त बिक्री

मार्च में वाहन निर्माता घरेलू यात्री वाहन बिक्री खंड में अपना प्रतिद्वंद्वी Hyundai के पीछे छोड़त टाटा मोटर्स 46,847 कार बेचलस। एकरा तुलना में एही महीना में हुंडई 45,703 कार बेचलस। कंपनी यात्री वाहनन के बिक्री में 27% के बढ़न्ती दर्ज कइलस, जेसे वित्त बरिस 2023 में कंपनी के बाजार हिस्सेदारी बढ़के 13.39 फीसद हो गइल।

जानकारी खातिर बता दीं कि टाटा समूह के कंपनी टाटा इंटरनेशनल (Tata International) हाले में राजीव सिंघल के आपन मुख्य परिचालन अधिकारी (Chief Operating Officer) नियुक्त कइले बा। सिंघल एकरा पहिले टाटा स्टील में फ्लैट उत्पादन के विपणन आ बिक्री के उपाध्यक्ष रहस आ उनका पलगे 35 से बेसी सालन के अनुभव बा।

एह खबर के अइला के बाद से एकरा शेयरन में इजाफा देखल जा रहल बा। सोमार के एकर शेयर 0.33 फीसद के बढ़त के संगे 194.72 रुपिया प्रति शेयर के कीमत पs खुलीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]