Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sensex Closing Bell: रेपो रेट पs आरबीआई-एमपीसी के फैसला के बाद सेंसेक्स 143 अंक चढ़ल, निफ्टी 17600 से नीचे

Sensex Closing Bell: सेंसेक्स बियफे के 143.66 अंक चढ़के 59,832.97 अंक पs बंद भइल। निफ्टी 42.10 अंक बढ़के 17,599.15 अंकन के लेवल पs बंद भइल।

4,836

आरबीआई-एमपीसी के रेपो रेट के 6.5 प्रतिशत पs इस्थिर रखला के फैसला के बाद घरेलू शेयर बाजार बियफे के बढ़त के संगे बंद भइल। एह दौरान सेंसेक्स 143.66 अंक चढ़के 59,832.97 अंक पs बंद भइल। निफ्टी 42.10 अंक बढ़के 17,599.15 अंकन के लेवल पs बंद भइल।

एह हफ्ता तीन दिन के कारोबारी सेशन के दौरान सेंसेक्स आ निफ्टी करीब 1.6% तक चढ़ल बा। ब्याज दरन में बदलाव ना करे के फैसला के बाद निचला स्तरन से बाजार में मजबूती लउकल। भारतीय रिजर्व बैंक के नीतिगत फैसला के बाद रुपिया डॉलर के मुकाबले 81.90 रुपये के लेवल पs इस्थिर रहल।

आज के बाद लगातार तीन दिनन तक शेयर बाजार बंद रही। सुक के गुड फ्राइडे के मवका पs बाजार में कारोबार ना होई। सनीचर आ अतवार के साप्ताहिक छुट्टी रही। अइसन में अब शेयर बाजार में सोमार माने अगिल हफ्ता कारोबार सुरू होई।

505300cookie-checkSensex Closing Bell: रेपो रेट पs आरबीआई-एमपीसी के फैसला के बाद सेंसेक्स 143 अंक चढ़ल, निफ्टी 17600 से नीचे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.