[the_ad_group id="30365"]

Sensex Closing Bell: रेपो रेट पs आरबीआई-एमपीसी के फैसला के बाद सेंसेक्स 143 अंक चढ़ल, निफ्टी 17600 से नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरबीआई-एमपीसी के रेपो रेट के 6.5 प्रतिशत पs इस्थिर रखला के फैसला के बाद घरेलू शेयर बाजार बियफे के बढ़त के संगे बंद भइल। एह दौरान सेंसेक्स 143.66 अंक चढ़के 59,832.97 अंक पs बंद भइल। निफ्टी 42.10 अंक बढ़के 17,599.15 अंकन के लेवल पs बंद भइल।

एह हफ्ता तीन दिन के कारोबारी सेशन के दौरान सेंसेक्स आ निफ्टी करीब 1.6% तक चढ़ल बा। ब्याज दरन में बदलाव ना करे के फैसला के बाद निचला स्तरन से बाजार में मजबूती लउकल। भारतीय रिजर्व बैंक के नीतिगत फैसला के बाद रुपिया डॉलर के मुकाबले 81.90 रुपये के लेवल पs इस्थिर रहल।

आज के बाद लगातार तीन दिनन तक शेयर बाजार बंद रही। सुक के गुड फ्राइडे के मवका पs बाजार में कारोबार ना होई। सनीचर आ अतवार के साप्ताहिक छुट्टी रही। अइसन में अब शेयर बाजार में सोमार माने अगिल हफ्ता कारोबार सुरू होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]