[the_ad_group id="30365"]

Share Market: मिडकैप शेयर अप्रिल में देले सs छप्पर फाड़ रिटर्न, निवेशक भइल लो मालामाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Share Market: मिडकैप शेयर अप्रिल में देले सs छप्पर फाड़ रिटर्न, निवेशक भइल लो मालामाल

मार्च में भारतीय शेयर बाजार में कारोबार सपाट रहल रहे, बाकिर अप्रिल में भारतीय बाजार में रैली देखे के मिलल बा। एह दौरान नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) के मुख्य सूचकांक निफ्टी में 705.20 अंकन के बढ़न्ती भइल बा आ 4.06 प्रतिशत के रिटर्न मिलल बा। ओहिजा, बॉम्वे स्टॉक एक्सचेंज के बेंचमार्क सेंसेक्स में 2,120 अंक भा 3.60 प्रतिशत के इजाफा भइल बा।

बता दीं, 2023 के सुरुआती तीन महीना शेयर बाजार खातिर बहुते उतार-चढ़ाव भरल रहे। एह दौरान नकारात्मक ट्रेंड देखे के मिलल आ निफ्टी आउर सेंसेक्स में गिरावट भइल। अप्रिल के रैली में सबसे जादे मिडकैप शेयरन में तेजी भइल बा।

आज हमनी के रउआ के 10 मिडकैप शेयरन के बारे में बतावे जा रहल बानी सs, जवन 10 से 28 प्रतिशत के रिटर्न देले बा।

गोदरेज प्रॉपर्टीज

गोदरेज प्रॉपर्टीज अप्राइल में 27.6 प्रतिशत के रिटर्न देले बा। शेयर एह दौरान 1,031.05 रुपिया से बढ़के 1,315.25 रुपिया हो गइल बा। शेयर में तेजी कंपनी के ओह बयान के बाद आइल रहे, जेमे कहल गइल कि वित्त बरिस के चउथा तिमाही में 4,051 करोड़ रुपिया के बुकिंग मिलल बा।

प्रेस्टीज एस्टेट प्रोजेक्ट्स

प्रेस्टीज एस्टेट प्रोजेक्ट्स के शेयर में पिछला महीना 21.7 प्रतिशत के इजाफा देखे के मिलल बा। कंपनी के शेयर 403.20 रुपिया से बढ़के 490.70 रुपिया पs पहुंच गइल बा। एह रियल एस्टेट कंपनी के ओर से कहल गइल रहे कि वित्त बरिस 2022-23 में सालाना आधार पs 25 प्रतिशत के बढ़न्ती देखे के मिलल बा।

IRFC

इंडियन रेलवे फाइनेंस कॉर्पोरेशन (IRFC) के शेयर में अप्रिल महीना में 19.4 प्रतिशत के उछाल देखल गइल बा। बता दीं, पिछला महीना रेलवे के अधिकतर शेयरन में तेजी देखल गइल रहे।

आउर शेयरन में तेजी

एकरा अलावे अप्रिल में अरबिंदो फार्मा में 19 प्रतिशत, अदाणी पावर में 17.4 प्रतिशत, बंधन बैंक 17.1 प्रतिशत, सोना बीएलडब्यू 16 प्रतिशत, यूनियन बैंक 14 प्रतिशत, ट्राइडेंट में 11.3 प्रतिशत आ टाटा टेलीसर्विसेज (महाराष्ट्र) 10.5 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]