[the_ad_group id="30365"]

Tanzania Plane Crash: लैंडिंग के दौरान झील में क्रैश भइल विमान, 19 के मौत; 26 के बचावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तंजानिया में अतवार के एगो यात्री विमान एयरपोर्ट में लैंडिंग के दौरान झील में क्रैश हो गइल। बतावल गइल बा कि प्रिशीजन एयरलाइंस के घरेलू विमान जवना वक्त बुकोबा में लैंड करे जात रहे, ठीक ओहि बेरा पायलट के नियंत्रण छूट गइल बा आ विमान एयरपोर्ट के लगे विक्टोरिया झील में जा गिरल।

ई विमान दार एस सलाम से बुकोबा वाया म्वांजा होके जा रहल बा। गौर करे आला बात बा कि बुकोबा एयरपोर्ट प रनवे के एगो हिस्सा अफ्रीका के सबसे बड़ झील विक्टोरिया लेक के ठीक बगल में बा।

इस घटना के सामने आवतही प्रशासन रेस्क्यू ऑपरेशन शुरू क देलस। तंजानिया के मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, एह विमान में 43 यात्री सवार रहे लो। ओहिजा, एह हादसा में 19 लोगन के मरला के खबर बा। एमे विमान के दुनो पायलट सामिल हो सकत बा। राहत-बचाव कर्मी तालाब में गिरल 26 लोगन के बचा लेले बा लो।

कागेरा प्रांत के पुलिस कमांडर विलियम म्वामपाघले कहलें कि हम बहुत संख्या में लोगन के बचावे में कामयाब रहल बा। ऊ आगे बतवलें कि जवना समय विमान लगभग 100 मीटर (328 फीट) के ऊचाई प रहे, तब ओकरा खराब मौसम के कारण समस्या के सामना करे के पड़ल बा आ बारिश के बीच विमान पानी में गिर गइल। अब सब कुछ नियंत्रण में बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]