[the_ad_group id="30365"]

बस्ती में बड़ हादसा होत-होत बचल: मालगाड़ी के कप्लिंग टूटल, तीन घंटा बाधित रहल ट्रैक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर-गोंडा रेलखंड पर शनिचर रात में मालगाड़ी के कप्लिंग टूट गइले से ट्रेन दू हिस्सा में बंट गइल। एसे हादसा होत-होत बचल। कप्लिंग टूटले के कारण डाउन साइड से करीब तीन घंटा यातायात बाधित रहल। एह दौरान अप साइड से ट्रेन के गंतव्य खातिर रवाना कइल गइल।
स्टेशन अधीक्षक सिराजुल हक बतवलें कि शनिचर रात करीब 11.17 बजे गोंडा के ओर से मालगाड़ी सहजनवां जात रहे। टिनिच अउर गोविंद नगर स्टेशन के बीच उसकर कप्लिंग टूट गइल। एसे ट्रेन दू हिस्सा में बंट गइल।
गार्ड टेलीफोन पर सूचना दिहलें कि 23 डिब्बा दूनों स्टेशन के बीच रुक गइल बा। तब ले गाड़ी, इंजन अउर बाकी डिब्बा ले के गोविंद नगर रेलवे स्टेशन पर पहुंच चुकल रहे। बतावल गइल कि कप्लिंग टूटले के कारण डाउन साइट ट्रैक 11.47 से 1.10 बजे ले बाधित रहल। एह दौरान अप साइड से ही ट्रेन के निकालल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]