[the_ad_group id="30365"]

बैंकॉक: स्कूल बस में लागल आग, छात्र सहित 25 लोग के जर के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बैंकॉक में स्कूल बस में आग लगला से छात्र समेत 25 लोग के जर के मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि विद्यार्थियन के बस से स्कूल टूर पर ले जाइल जात रहे। एह दौरान बस हाईवे पs पहुंचते ओकरा में आग लाग गइल। आशंका बा कि टायर फटला का चलते इ हादसा भइल बा।

परिवहन मंत्रीसूर्या जुंगरुंगरुंगकिट बतवले कि मंगर के दिने ई बस मध्य उथाई थानी प्रांत से अयुथया जात रहे आ स्कूल टूर खातिर जात रहे। राजधानी के उत्तरी उपनगर पथुम थानी प्रांत से गुजरत बस दुपहरिया के करीब आग लाग गइल।

मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला

गृहमंत्री अनुतिन चार्नविराकुल दुर्घटना के परिमाण के देखत मरेवाला लोग के संख्या बढ़ सकता बतवले। हालांकि बचे वाला लोग के संख्या के आधार पs 25 लोग के मौत के आशंका बा। दुर्घटना के बाद बहुत देर तक बस एतना गरम रहे कि सुरक्षाकर्मी के ओकरा में घुसे में परेशानी के सामना करे के पड़ल।

पीड़ित परिवार के मुआवजा मिली

प्रधानमंत्री पैंतोगटार्न शिनावात्रा सोशल मीडिया प्लेटफार्म प एगो पोस्ट में संवेदना जतवले। बस दुर्घटना के बहुत फोटो सोशल मीडिया पs सोझा आइल बा, जवना में पूरा बस में आग लगत देखावल जाता। सड़क पर खड़ा बस से करिया धुँआ के बादल निकल रहल बा।

टायर फटला के चलते भइल दुर्घटना

मौका प मौजूद एगो बचावकर्मी सूर्या के बतवले कि, शायद टायर फटला के बाद आग लागल आ बस सड़क के अवरोधक से टकरा गइल। बचाव समूह के 21 साल के होंगसाकुल क्लोंग लुआंग अपना फेसबुक पेज प पोस्ट कइले कि, उनुका बस में कम से कम 10 लाश मिलल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]