[the_ad_group id="30365"]

तारक मेहता के उल्टा चश्मा के ‘बबीता जी’ कs लिहली ‘टप्पू’ से सगाई, जल्दीए होई सादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तारक मेहता के उल्टा चश्मा के बबिता भाभी आ टप्पू यानी मुनमुन दत्ता आ राज अनादकट के लेके एगो खबर सामने आइल बा जवन प्रशंसकन के झकझोर दी। अबहीं ले रउरा सभे एह शो में जेठालाल के बबीता जी से फ्लर्ट करत देखले होखब बाकिर रील लाइफ में उनुका बेटा के किरदार निभावे वाला राज अनादकट आ मुनमुन दत्ता अपना रिश्ता खातिर सुर्खियन में बाड़े। एतने ना खबर आ रहल बा कि दुनु जने के सगाई भी हो गईल बा।

मुनमुन-राज के सगाई

मुनमुन अवुरी राज के सगाई एही महीना हो गईल। एह दौरान दुनों के परिवार एक संगे मौजूद रहे। खबर के मुताबिक दुनो लोग के मुंबई के बहरी निजी तौर पs सगाई हो गईल। राज आ मुनमुन के माई-बाबूजी एह रिश्ता से खुश बाड़े आ उहो लोग ओहिजा मौजूद रहले।

बहुत दिन से डेट करत रहले लो

इहो कहल जात बा कि राज आ मुनमुन बहुत दिन से एक दोसरा से डेट करत बाड़ेबाड़े । सेट पs मौजूद सभे के ई बात मालूम रहे। कुछ लोग के विचार रहे कि दुनो लोग के बियाह हो जाई। खैर, हमनी के पुष्टि नईखी करत कि इs खबर केतना सही बा अवुरी केतना झूठ बा।

बता दीं कि 2021 में पहिला बेर मुनमुन अवुरी राज के डेटिंग के खबर आईल। हालांकि तब मुनमुन एह खबरन के गलत बता दिहले रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]