[the_ad_group id="30365"]

सरकार फेर कइलस डिजिटल स्ट्राइक, 18 OTT ऐप्स समेत, 19 वेबसाइट भइल बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

केंद्र सरकार एक बेर फेर से डिजिटल स्ट्राइक शुरू कs के 18 ओटीटी ऐप, 19 वेबसाइट, 10 एप्प समेत 57 सोशल मीडिया हैंडल पs रोक लगा देलस। सूचना आ प्रसारण मंत्रालय कई बेर एह प्लेटफार्मन के चेतावनी जारी कइले रहुवे। ई प्लेटफार्म बार-बार आईटी एक्ट के नियम के उल्लंघन करत रहे।

सूचना आ प्रसारण मंत्रालय के कहना बा कि एह ओटीटी प्लेटफार्मन पs भद्दा कॉन्टेंट देखावल जा रहल बा। एह ऐप के गूगल प्ले स्टोर आ एप्पल ऐप स्टोर से हटा दिहल गइल बा। रिपोर्ट के मुताबिक केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर ए 18 OTT प्लेटफॉर्म के भद्दा कॉन्टेंट हटावे खातीर कई बेर चेतावनी जारी कईले रहले।

एह 18 OTT ऐप्स पs लागल बैन

जवन 18 OTT ऐप्स के हटावल गइल ऐमें Dreams Films, Voovi, Yessma, Uncut Adda, TriFlicks, X Prime, Neon X VIP, Besharams, Hunters, Rabbit, Xtramood, Nuefliks, MoodX, Mojflix, Hot Shots VIP, Fugi, Chikooflix आ PrimePlay शामिल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]