[the_ad_group id="30365"]

T20 विश्वकप: सिडनी में भारतीय टीम के नाइ मिलल सही खाना, 42 किलो मीटर लम्मे प्रैक्टिस करे से भी कइलस मना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के खिलाफ मेलबर्न में ऐतिहासिक जीत के बाद टीम इंडिया सिडनी मे बा। एके उहां नीदरलैंड के खिलाफ आपन दूसरा सुपर-12 मैच में खेले के बा। ई मैच 27 अक्तूबर के खेलल जाई। मुकाबला से पहिले टीम इंडिया सिडनी में टूर्नामेंट के आयोजकन से नाराज बा। दरअसल, भारतीय खिलाड़ियन के प्रैक्टिस के बाद ठंडा खाना परोसल गइल। उहवें, अभ्यास खातिर 42 किमी दूर जाए खातिर कहल गइल। खिलाड़ी लोग एतना लंबा यात्रा करे से मना कs दिहल।

समाचार एजेंसी एएनआई ने बीसीसीआई सूत्रन के हवाले से बतवलें कि टीम इंडिया सिडनी में अभ्यास के बाद दिहल जाए वाला खाना से खुश नाइ रहल। भारतीय खिलाड़ियन के उनके अभ्यास सत्र के बाद गर्म भोजन नाइ दिहल गइल। खाना के मेन्यू में सैंडविच भी शामिल रहल। बीसीसीआई के एगो सूत्र कहलस, ”टीम इंडिया के जौन खाना दिहल गइल उ निम्मन नाइ रहल। उनके खाली सैंडविच दिहल गइल। उ आईसीसी के भी बतवलें कि सिडनी में अभ्यास सत्र के बाद दिहल गइल खाना ठंडा रहल अउर निम्मन नाइ रहे”

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद टी20 वर्ल्ड कप के दौरान भोजन उपलब्ध करा रहल बा। हैरानी के बात बा कि आईसीसी दोपहर के भोजन के बाद कौनो गर्म भोजन नाइ दे रहल बिया। द्विपक्षीय सीरीज के दौरान खाना के इंतजाम मेजबान के ओर से होला। बीसीसीआई सूत्र इहो बतवलस कि टीम इंडिया अभ्यास सत्र में भी भाग नाइ ले रहल बा काहेसेकि उन के होटल से लगभग 45 मिनट के दूरी पर ब्लैकटाउन (सिडनी से सटले छोट शहर) में अभ्यास करे के जगह दीहल गइल बा। आईसीसी के सूत्र एह मामला पर कहलें कि सब टीम के खाना के मेन्यू पहिलही बता दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]