[the_ad_group id="30365"]

IRE vs ENG T20: आयरलैंड टी20 वर्ल्ड कप में कइलस दूसरा उलटफेर, वेस्टइंडीज के बाद अब इंग्लैंड के कइलस शिकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टी20 वर्ल्ड कप के 20वां मैच इंग्लैंड अउर आयरलैंड के बीच मेलबर्न में खेलल गइल। आयरलैंड बारिश से प्रभावित एह मैच के डकवर्थ लुईस नियम के आधार पर पांच रन से अपने नाम कर लिहलस। बुध (26 अक्तूबर) के इंग्लैंड टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी चुनले रहे। आयरलैंड 19.2 ओवर में 157 रन बनवलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम 14.3 ओवर में पांच विकेट पर 105 रन बनाकर खेलत रहे, तब्बे बारिश आ गइल। इंग्लैंड डकवर्थ लुईस नियम के आधार पर पांच रन से पीछे रह गइल। आयरलैंड एह टूर्नामेंट में दूसरा बेर उलटफेर कइले बा। एसे पहिले ऊ दू बेर के चैंपियन वेस्टइंडीज के पहिले राउंड में बाहर क देहले रहे।

इंग्लैंड के बल्लेबाज एह मैच में नाइ चललें। कप्तान जोस बटलर (00) अउर एलेक्स हेल्स (07) आउट हो गइलें। जोशुआ लिटिल दूनों के आउट कइलें। फिओन हैंड बेन स्टोक्स (06) के क्लीन बोल्ड कs दिहलें। हैरी ब्रुक 21 गेंद पर 18 रन बनाकर जॉर्ज डॉकरेल के शिकार बनलें। डेविड मलान 37 गेंद पर 35 रन बनाकर आउट हो गइलें। मैककार्थी के गेंद पर फिओन हैंड उनकर कैच लिहलें। मोईन अली 12 गेंद पर 24 रन बनाकर नाबाद रहलें। लियाम लिविंगस्टोन दू गेंद पर एक रन बना के नाबाद रहलें।

कप्तान बालबर्नी बनलें आयरलैंड के जीत के हीरो

आयरलैंड के टीम एक समय 12 ओवर में दू विकेट पर 103 रन बना चुकल रहे। एकरे बाद टीम के बाकी बचल आठ बल्लेबाज 55 रन जोड़कर पवेलियन लौट गइलें। आयरलैंड खातिर कप्तान एंड्रयू बालबर्नी सबसे ज्यादा 62 रन बनवलें। इंग्लैंड खातिर स्पिनर लियाम लिविंगस्टोन अउर तेज गेंदबाज मार्क वुड कहर बरपवलें। दूनों लोग तीन-तीन विकेट लिहल।

दूनों टीम के प्लेइंग-11

आयरलैंड: पॉल स्टर्लिंग, एंड्रयू बालबर्नी (कप्तान), लोर्कन टकर (विकेटकीपर), हैरी टेक्टर, कर्टिस कैंपर, जॉर्ज डॉकरेल, गैरेथ डेलानी, मार्क अडायर, फिओन हैंड, बैरी मैकार्थी, जोशुआ लिटिल।

इंग्लैंड: जोस बटलर (विकेटकीपर/कप्तान), एलेक्स हेल्स, डेविड मालन, बेन स्टोक्स, लियाम लिविंगस्टोन, हैरी ब्रुक, मोइन अली, सैम करन, क्रिस वोक्स, आदिल राशिद,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]