इंडिया के SCG में ना मिलल निम्मन खाना, खेलाड़ी लंच के बायकॉट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2022

भारतीय खिलाड़ी मंगर दुपहरिया के सिडनी क्रिकेट ग्राउंड में अपना ऑप्शनल ट्रेनिंग सेशन के बाद लंच के बायकॉट कइलस, काहेकि खाना बहुत ठंडा आ अपर्याप्त रहे। ड्रेसिंग रूम के मेन्यू में फल, फलाफल आ ‘मेक

Share

भारतीय खिलाड़ी मंगर दुपहरिया के सिडनी क्रिकेट ग्राउंड में अपना ऑप्शनल ट्रेनिंग सेशन के बाद लंच के बायकॉट कइलस, काहेकि खाना बहुत ठंडा आ अपर्याप्त रहे। ड्रेसिंग रूम के मेन्यू में फल, फलाफल आ ‘मेक योर सेंडविच’ शामिल रहे, जवन कइयन गो खिलाड़ियन के पसंद ना आइल आ एकर शिकायत सिडनी क्रिकेट ग्राउंड प संबंधित अधिकारी से कइल गइल।

टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा, विराट कोहली, दिनेश कार्तिक, ऋषभ पंत, केएल राहुल, मोहम्मद सिराज, रविचंद्रन अश्विन, शार्दुल ठाकुर आ दीपक हुड्डा एगो ऑप्शनल ट्रेनिंग सेशन में भाग लिहल लो। अतवार के मेलबर्न में पाकिस्तान के मुकाबला के बाद टीम प्रबंधन अक्षर पटेल, भुवनेश्वर कुमार, मोहम्मद शमी, हार्दिक पांड्या आ अर्शदीप सिंह के आराम देले रहे।

इंडियन एक्सप्रेस के एगो भारतीय टीम के सदस्य बतवले, “भोजन मानक के अनुरूप ना रहे। अभ्यास सत्र के बाद हमनी के सैंडविच नइखी खा सकत स।” कुछ खिलाड़ी मैदान प फलाफल खाइल, जबकि बाकी लोग होटल में खाना खाये के विकल्प चुनलस। भारतीय टीम नीदरलैंड के खिलाफ अपना मैच से पहिले आराम करी, काहेकि आईसीसी प्रैक्टिस सेशन खातिर ब्लैकटाउन के चुनले बिया, जवन एससीजी से 42 किलोमीटर दूर बा।

बियफे 27 अक्टूबर के सिडनी क्रिकेट ग्राउंड माने एससीजी डबल हेडर के मेजबानी करी। दक्षिण अफ्रीका दिन में बांग्लादेश से खेली, ओकरा बाद सांझ के भारत के मैच नीदरलैंड से होई। आईसीसी के कार्यक्रम के अनुसार, दक्षिण अफ्रीका, बांग्लादेश आ नीदरलैंड बुध के एससीजी में अभ्यास सत्र आयोजित करी। भारतीय टीम ब्लैकटाउन ना जाई।

2021 के ऑस्ट्रेलिया दौरा के दौरान भारतीय टीम ओलंपिक पार्क में रहके ब्लैकटाउन में कैंप लगवले रहे। हालांकि, टीम मैच के पूर्व संध्या प एतना लमहर दूरी तय ना करे के चाहत रहे। ICC सब भाग लेवे वाला टीमन के शेड्यूल के पहिले से तइयार क देले रहे। हालांकि, ई ओह टीमन प निर्भर करत बा कि ऊ ओह शेड्यूल प टिकल रहल चाहत बाड़ी स कि ना।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.