[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA : फाइनल मुकाबला खातिर अंपायर पैनल घोषित, रिचर्ड केटलबोरो टीवी अंपायर होइहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच बारबाडोस के केंसिंग्टन स्टेडियम में होखे वाला आईसीसी टी-20 विश्व कप के फाइनल मुकाबला खातिर अंपायर पैनल के घोषणा हो गइल बा। भारत सेमीफाइनल में इंग्लैंड के, जबकि दक्षिण अफ्रीका अफगानिस्तान के हराके खिताबी मुकाबला में प्रवेश कइले रहे। दुनो टीम एह टूर्नामेंट में अजेय चल रहल बा। भारत तीसरका बेर फाइनल में पहुंचल बा, जबकि दक्षिण अफ्रीका एह वैश्विक टूर्नामेंट के अपना पहिला फाइनल मैच खेली।

गाफानी-इलिंगवर्थ मैदानी अंपायर

न्यूजीलैंड के क्रिस गाफानी आ इंग्लैंड के रिचर्ड इलिंगवर्थ भारत आउर दक्षिण अफ्रीका के बीच टी-20 विश्व कप फाइनल में मैदानी अंपायर होइहें। रिचर्ड केटलबरो टीवी अंपायर होइहें, जबकि रॉड टकर चउथा अंपायर होइहें। रिची रिचर्डसन मैच रैफरी होइहें। केंसिंग्टन ओवल पs 2010 के बाद दूसरका बेर टी-20 विश्व कप फाइनल खेलल जा रहल बा।

आंकड़न में भारत के पलड़ा भारी

टी-20 क्रिकेट में भारत के दक्षिण अफ्रीका पs पलड़ा भारी बा। दुनो के बीच कुल 26 मुकाबला खेलल गइल बा। एमे भारत के 14 आ दक्षिण अफ्रीका के 11 में जीत मिलल बा। ओहिजा, एगो मैच बेनतीजा रहल बा। टी-20 विश्व कप में भारत के दक्षिण अफ्रीका पs दबदबा बा। दुनो टीम छह बेर भिड़ल बाड़ी सs। जेमे चार मैच भारत जीतले बा, जबकि दक्षिण अफ्रीका के दु मैचन में जीत मिलल बा। अइसन में भारत खिताबी मैच में जीत के प्रबल दावेदार बा।

खिताबी सूखा समाप्त कइल चाही भारत

भारतीय टीम के कवनो आईसीसी ट्रॉफी जीतल लमहर समय हो गइल बा आ टीम 2013 में महेंद्र सिंह धोनी के अगुवाई में चैंपियंस ट्रॉफी जीतले रहे आ ओकर अंतिम आईसीसी ट्रॉफी रहे। एकरा बाद टीम 2017 चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में हारल, जबकि 2019 वनडे विश्व कप के सेमीफाइनल, 2021 विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल, 2022 टी-20 विश्व कप के सेमीफाइनल, 2023 विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल आ 2023 वनडे विश्व कप के फाइनल में टीम के हार के सामना करे के पड़ल रहा। अब रोहित शर्मा के अगुवाई वाली भारतीय टीम के लगे आईसीसी ट्रॉफी जीते के 11 साल के सुखा समाप्त करे के मवका रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]