[the_ad_group id="30365"]

IND W vs SA W: Shafali Verma कइली साउथ अफ्रीका के गेंदबाजन के खूब पिटाई, जड़ली इंटरनेशल करियर के पहिला सेंचुरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND W vs SA W: भारतीय वुमेंस क्रिकेट टीम के धाकड़ ओपनर शेफाली वर्मा एकमात्र टेस्ट में साउथ अफ्रीकी गेंदबाजन के खूब पिटाई कइली। उऽ स्मृति मंधाना के साथ मिल के 200 से ज्यादा रन के पार्टनरशिप कइली आ अपना करियर पहिला सेंचुरी जड़ली। शेफाली 113 गेंदा में 15 चौका आ 2 छक्का जड़ के शतक पूरा कइली। शेफाली के साथे स्मृति मंधाना आपन शतक पूरा कऽ लेली।

भारत आ साउथ अफ्रीका महिला टीम के बीच एकमात्र टेस्ट मैच चेन्नई में आयोजित बा। पहिले बल्लेबाजी करत घरी भारती सलामी जोड़ी शतक जड़ देलस। वुमेंस क्रिकेट के रोहित शर्मा कहे जाए वाली शेफाली वर्मा अपना अंतरराष्ट्रीय करियर के पहिले सेंचुरी जड़ली। एह शतक खातिर उऽ बस 113 गेंद खेलली।

चेन्नई में खेलल जा रहल एकमात्र टेस्ट मैच में टीम इंडिया काफी मजबूत इस्थिति में बा। दुनु ओपनर्स के बीच 200 से ज्यादा रन के पार्टनरशिप हो चुकल बा। शेफाली वर्मा आ स्मृति मंधाना आपन- आपन शतक पूरा कऽ लेले बाड़ी। शेफाली 113 गेंद में 15 चौका आ 2 छक्कन के मदद से आपन पहिला इंटरनेशनल शतक पूरा कइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]