[the_ad_group id="30365"]

का भारत Vs इंग्लैंड सेमीफाइनल होई: श्रीलंका के हरा इंग्लैंड अंतिम-4 में, अब ग्रुप-2 के टॉपर से होई भिड़ंत 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंग्लैंड श्रीलंका के हराके टी-20 वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल में जगह बना लेले बा। एह नतीजा के संगही सुपर-12 ग्रुप-1 के तस्वीर पूरा तरे साफ हो गइल बा। न्यूजीलैंड के टीम 7 पॉइंट्स के साथ टॉप प रहल बिया। इंग्लैंडो के 7 पॉइंट्स बा, बाकिर नेट रन रेट कमजोर होखला के वजह से ओकरा दूसरका स्थान से संतोष करे के पड़ल बा। अस्ट्रेलियो के 7 पॉइंट्स रहे बाकिर ओकरा खराब रन रेट होखला के कारणे बाहर होखे के पड़ल।

अब सवाल उठत बा कि जदि भारतीय टीम सेमीफाइनल में पहुंचत बिया त ओकर भिड़ंत कवना टीम से होई? एह सवाल के विस्तार से जवाब जानल जाई।

6 नवंबर के तय होई सेमीफाइनल लाइनअप

ग्रुप-1 के टीमे त डिसाइड हो गइल बाड़ी स, ग्रुप-2 के इस्थिति अतवार के साफ होई। अभी भारत, साउथ अफ्रीका आ पाकिस्तान के टीम सेमीफाइनल में पहुंचला के होड़ में बा। बांग्लादेशो चमत्कार के बदौलत आगे बढ़ सकत बा। एमे से कवना टीम के का चांस बा ई हमनी के आगे जानल जाई। ओकरा पहिले ग्रुप-2 के मवजूदा पॉइंट्स टेबल देख लिहल जाव।

साउथ अफ्रीका के टीम जीतल त सेमीफाइनल पक्का

अतवार के पहिला मैच साउथ अफ्रीका आ नीदरलैंड के बीच होई। एह मैच में जीत के संगही साउथ अफ्रीका के सेमीफाइनल में एंट्री पक्का हो जाई। एह स्थिति में ओकर सात पॉइंट्स होई। हालांकि, ओकरा ग्रुप में अपना पोजीशन जाने खातिर दिन के आखिरी मैच माने भारत V/S जिम्बाब्वे मुकाबला तक इंतजार करे के होई।

जदि साउथ अफ्रीका के एह मैच में हार मिलत बा तबो ओकर सेमीफाइनल में प्रवेश के उम्मीद कायम रहि। एकरा खातिर जरूरी होई कि पाकिस्तान V/S बांग्लादेश मैच बारिश में धुल जाव। जदि अइसन नइखे होत त फेर पाकिस्तान आ बांग्लादेश मैच में विजेता टीम के सेमीफाइनल के टिकट मिल जाई।

सब मैच 6 नवंबर के होई

 

पाकिस्तान के उम्मीद नीदरलैंड आ जिम्बाब्वे से

पाकिस्तान के सेमीफाइनल में पहुंचे खातिर बांग्लादेश के खिलाफ हर हाल में जीत हासिल करे के होई। एकरा अलावे ओकरा साउथ अफ्रीका भा भारत में से कवनो एगो के हार के दुआ करे के होई। साउथ अफ्रीका के मैच नीदरलैंड से आ भारत के मुकाबला जिम्बाब्वे से बा। जदि पाकिस्तान के टीम बांग्लादेश से हार जात बिया त ऊ रेस से बाहर हो जाई। बांग्लादेश प जीत के बावजूद पाकिस्तान बाहर हो जाई जदि साउथ अफ्रीका आ भारत दुनो आपन-आपन मुकाबले जीत लेवे।

भारत जीतल त इंग्लैंड से सेमीफाइनल

भारतीय टीम अपना आखिरी लीग मैच में जिम्बाब्वे के हरा देत बिया त ओकर आठ पॉइंट्स हो जाई। एह स्थिति में टीम के ग्रुप-2 में नंबर-1 प रहल पक्का हो जाई। एह स्थिति में 10 नवंबर के भारत के सेमीफाइनल मुकाबला इंग्लैंड से होई। जदि साउथ अफ्रीका आ पाकिस्तान दुनो आपन-आपन आखिरी मैच जीत जात बा त जिम्बाब्वे से हार के स्थिति में भारतीय टीम टूर्नामेंट से लगभग बाहर हो जाई।

भारत-जिम्बाब्वे मुकाबला अगर बारिश से धोआ जात बा तबो भारतीय टीम सेमीफाइनल में पहुंच जाई। अइसन में टीम इंडिया के ग्रुप में पोजीशनिंग साउथ अफ्रीका आ पाकिस्तान के आखिरी मैचन के नतीजन प निर्भर होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]