[the_ad_group id="30365"]

कोहली के जन्मदिन पर फैन्स लोग क रहल बा विश, कई खिलाड़ी लोग कइल पोस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान अउर दुनिया के दिग्गज बल्लेबाज विराट कोहली शनिचर (पांच नवंबर) के 34 साल के हो गइलें। ऊ एह दिन में ऑस्ट्रेलिया में टी20 वर्ल्ड कप में खेल रहल बानें। कोहली टूर्नामेंट में अब तक शानदार बल्लेबाजी कइले बानें। विराट के उनके बर्थडे पर पूरा दुनिया से फैंस विश कर रहल बानें। बीसीसीआई अउर आईपीएल फ्रेंचाइजी सब कोहली के बधाई दीहलें। उहवें, ऑस्ट्रेलिया में फैंस लोग केक कटले बा त पाकिस्तान के तेज गेंदबाज शाहनवाज दहानी एगो शानदार पोस्ट कइलें। रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (आरसीबी) में उनके साथ खेले वाले दक्षिण अफ्रीका के महान खिलाड़ी एबी डिविलियर्स वीडियो के जरिए उनके विश कइलें। उहवें, भारतीय टीम के खिलाड़ी कोहली खातिर सोशल मीडिया पर पोस्ट कइलें।

बीसीसीआई अपने सोशल मीडिया पर अकाउंट पर कोहली के तस्वीर शेयर कइलें। ऊ लिखलें- 477 इंटरनेशनल मैच । 24350 रन। 2011 आईसीसी वर्ल्ड कप अउर 2013 आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी विजेता। विराट कोहली के जन्मदिन के बधाई। टीम इंडिया के पूर्व कप्तान अउर आधुनिक समय के सर्वश्रेष्ठ बल्लेबाजन में से एक विराट कोहली के जन्मदिन के बहुत-बहुत शुभकामना।”

डिविलियर्स देहलें बधाई, वीडियो कइलें ट्वीट

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]