[the_ad_group id="30365"]

IND vs ZIM T20: भारत जिम्बाब्वे के 71 रन से हरवलस सेमीफाइनल में इंग्लैंड से होई मुकाबला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Zimbabwe T20 World Cup: टी20 वर्ल्ड कप के 42वां मुकाबला भारत आ जिम्बाब्वे के बीच मेलबर्न में खेलल गइल। ई सुपर-12 राउंड के आखिरी मैच रहे। भारतीय टीम पहिलही सेमीफाइनल में पहुंच चुकल रहे। भारतीय कप्तान रोहित शर्मा टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फसीला कइलें आ भारत जिम्बाब्वे के सोझा 187 रन के लक्ष्य रखले रहे। जवाब में जिम्बाब्वे के टीम 17.2 ओवर में 115 रन प सिमट गइल।

भारत मेलबर्न में जिम्बाब्वे के 71 रन से हरवलस

भारत सुपर-12 राउंड के अपना आखिरी ग्रुप मैच में मेलबर्न क्रिकेट ग्राउंड में जिम्बाब्वे के 71 रन से हरा देले बा। टीम इंडिया पहिलही सेमीफाइनल के खातिर क्वालिफाई क चुकल रहे आ एह जीत के मतलब बा कि टीम ग्रुप-दो में शीर्ष प रहके सेमीफाइनल खातिर जगह बनवलस।

भारत ग्रुप-2 में आपन पांच में से चार मुकाबला जीतल आ आठ अंक के संगे शीर्ष प रहल। ओहिजा, एह ग्रुप से क्वालिफाई करे वाली दूसरका टीम पाकिस्तान रहल। ओकर छव अंक बा। अब पहिला सेमीफाइनल में न्यूजीलैंड के सामना बुध के पाकिस्तान से सिडनी में बा ओहिजा, टीम इंडिया दूसरका सेमीफाइनल में बियफे के इंग्लैंड से एडिलेड ओवल में भिड़ी।

ग्रुप-1 में न्यूजीलैंड पहिला स्थान आ इंग्लैंड दूसरा स्थान प रहके सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई कइले रहे। सेमीफाइनल में ग्रुप-1 में पहिला स्थान प रहे वाली टीम के ग्रुप-2 में दूसरा स्थान प रहे वाली टीम से आ ग्रुप-2 में पहिला स्थान प रहे वाली टीम के ग्रुप-1 में दूसरे स्थान प रहे वाली टीम से सामना होला।

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत टीम इंडिया 20 ओवर में पांच विकेट गंवाके 186 रन बनवलस। केएल राहुल सुरुआत में आ सूर्यकुमार यादव आखिर में बेहतरीन पारी खेलल लो। दुनो खेलाडी अर्धशतक जमावल लो। राहुल 35 गेना में 51 रन बनवले। ओहिजा, सूर्यकुमार 25 गेना में 61 रन क नाबाद पारी खेलले। ऊ मैच के अंत में कइयन गो अविश्वसनीय शॉट्स लगवले। अपना पारी में सूर्यकुमार छव गो चौका आ चार गो छक्का लगवले। जवाब में जिम्बाब्वे के टीम 17.2 ओवर में 115 रन प सिमट गइल। रेयान बर्ल सबसे जादे 35 रन बनवले।

जिम्बाब्वे खातिर सिकंदर रजा 34 रन के पारी खेलले। भारत के ओर से रविचंद्रन अश्विन सबसे जादा तीन विकेट लेले। ओहिजा, मोहम्मद शमी आ हार्दिक पांड्या के दु-दु विकेट मिलल। भुवनेश्वर कुमार, अर्शदीप सिंह आ अक्षर पटेल के एक-एक विकेट मिलल। सूर्यकुमार के उनकर शानदार पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच अवॉर्ड दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]