[the_ad_group id="30365"]

दिवाली के खुशी में मिठास घोरी मिठहा पटाखा, मिठाई के दुकान पर सजल अनार, चकरी अउर चॉकलेट बम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जोधपुर में दिवाली खातिर बाजार सजे लागल बा। हर तरफ बाजार में अभिन से दिवाली के तैयारी शुरू हो गइल बा। पर्व पर जोधपुर में अइसने कुछ प्रयोग कइल गइल बा। जोधपुर में मिठाई दुकानदार पिछले 6 साल से स्वीट्स क्रैकर्स बना रहल बानें जौन देखले में बिल्कुल पटाखा नजर आवत बा। एहमें चाहे अनार होखे चाहे चॉकलेट बम, चकरी या फिर दिया बाती, ई सब मिठाई के रूप में बनावल गइल बा।

ई हुबहू शिवाकाशी में बने वाले पटाखन के कॉपी ह। बस इनके चलवलें के बजाय खाइल जाला। इनके ऊपर पटाखा के तरह ही लेबल भी खाद्य पदार्थन के बनावल गइल बा। संचालक सौरभ व्यास बतवनें कि ई मिठाई पूरी तरह से ड्राई फ्रूट्स से ही बनsला। एहमें काजू, पिस्ता, बादाम अउर अखरोट के प्रयोग कइल जाला। एहमें मिठाई के भी पूरा रेंज बा जेमें अनार, चकरी, चॉकलेट बम अउर अन्य शामिल बा। लगातार एकर क्रेज बढ़त जा रहल बा।

1600 रुपया किलो बा क्रेकर स्वीट्स

ई स्वीट क्रैकर्स बादाम-काजू के बेस से तैयार कइल जाला। एहमें फूड कलर के प्रयोग कइल जाला, जौन तनिको हानिकारिक नाइ होला। एके तैयार करे में बहुत मेहनत लागsला। सब काम हाथ से कइल जाला। एके बनावे के तरीका भी जोधपुर में ही इजाद कइल गइल बा। इहे कारण ह कि ई स्वीट्स क्रैकर्स दूसरा अन्य मिठाइयन से काफी महंग बा। वर्तमान में ई 1600 रुपया प्रति किलो के भाव से बिक रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]