Indian Railway: ट्रेन में यात्रा के दौरान रउओ मिल सकेला मुफ्त में खाना, जानीं IRCTC के ई नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2022

Indian Railways News: जदि रउआ ट्रेन के यात्रा कर रहल बानी आ रउआ फ्री में भोजन के सुविधा मिले तs शायद चउक जाई। असल में अइसन संभव बा। IRCTC एक्सप्रेस ट्रेनन के दु घंटा लेट

Share

Indian Railways News: जदि रउआ ट्रेन के यात्रा कर रहल बानी आ रउआ फ्री में भोजन के सुविधा मिले तs शायद चउक जाई। असल में अइसन संभव बा। IRCTC एक्सप्रेस ट्रेनन के दु घंटा लेट होखला पs मुफ्त में खाना ऑर्डर करे के सुविधा देला। हालांकि, ज्यादातर यात्रियन के एह बात के जानकारी ना होला, जवना वजह से ऊ लाभ ना उठा पावेला लो।

ट्रेन में सफर करे के दौरान रउआ कइयन बेर चिंता सतावत होई कि ट्रेन लेट हो गइल बा, अब खाना के बेवस्था कइसे होई। एक्सप्रेस ट्रेनन खातिर यात्रियन के अब एकरा खातिर परेसान होखला के जरूरत नइखे। ट्रेन लेट होखला पs IRCTC तोहफा के तौर पs यात्रियन के खाना मुहैया करवावेला। असल में रेलवे के तरफ से यात्रियन के एह तरे के कइयन तरे सुविधा दिहल जाला।

साभार: आजतक

यात्रियन के कब आ कइसे मिली भोजन?

यात्रियन के सुविधा के अनुसार IRCTC अपना नियमन में परिवर्तन करता रहेला। राजधानी, शताब्दी , दुरंतो से सफर करे वाला लोग ट्रेन लेट होखला पs मुफ्त भोजन खातिर ऑर्डर कs सकत बा। जदि ई ट्रेन सबेरे लेट भइल तs IRCTC यात्रियन के फ्री में नाश्ता, भा जदि रात में लेट भइल बा तs फ्री में डिनर उपलब्ध करावेला।

ट्रेन लेट होखला पs मुफ्त भोजन राउर अधिकार

कइयन बेर यात्री हिचकिचाहट के चलते एह सुविधन के लाभ ना उठा पावेला लो। यात्रियन के अइसन ना करे के चाहीं, ई राउर अधिकार हs। इंडियन रेलवे के नियमन के मोताबिक, ट्रेन के लेट होखला पs आईआरसीटीसी के कैटरिंग पॉलिसी के तहत यात्रियन के नाश्ता आ हलुक भोजन दिहल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.