[the_ad_group id="30365"]

स्वामी प्रसाद मौर्य सपा से तुड़ले सारा नाता, पार्टी के बाद अब MLC छोड़ले; अखिलेश के नांवे लिखले चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Politics लोकसभा चुनाव से पहिलहीं उत्तर प्रदेश के सियासत में भूचाल मचल बा। कुछ दिन पहिलहीं समाजवादी पार्टी के महासचिव पद से इस्तीफा देवे वाला दिग्गज नेता स्वामी प्रसाद मौर्य विधान परिषद के सदस्यतो से इस्तीफा दे देले बाड़े। मंगर के स्वामी प्रसाद मौर्य पत्र लिखले आ एहिसे साथे MLC पदो छोड़ देले। लोकसभा चुनाव से पहिलहीं उत्तर प्रदेश के सियासत में भूचाल मचल बा।

स्वामी प्रसाद मौर्य पत्र में लिखले कि हम समाजवादी पार्टी के प्रत्याशी के तौर पर निर्वाचित भइल बानी, चूंकि हम समाजवादी पार्टी के प्राथमिकता सदस्यता से त्यागपत्र दे देले बानी, एहिसे नैतिकता के आधार पऽ विधान परिषद के सदस्यता से त्यागपत्र दे तानी।

अखिलेश के नांवे लिखले चिट्ठी

स्वामी प्रसाद मौर्य समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव के नांवे एगो पत्रों लिखले बाड़े। उऽ लिखले कि रऊआ नेतृत्व में सौहार्दपूर्ण वातावरण में काम करे के अवसर प्राप्त भइल, बाकिर 12 फरवरी 2024 के भइल बातचीत आ 13 फरवरी के भेजल गइल चिट्ठी पर बातचीत के पहल ना करे के फलस्वरुप हम समाजवादी पार्टी के प्राथमित सदस्यों से त्याग-पत्र दे रहल बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]