[the_ad_group id="30365"]

चुनाव आयोग के राजनीतिक दलन के संगे भइल  बैठक : लोकसभा के लेके लिहल गइल सुझाव, ललन सिंह कहलें- 3 चरण में चुनाव कराने के बा मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव के लेके निर्वाचन आयोग तइयारी सुरू कs देले बा। राष्ट्रीय निर्वाचन आयोग के टीम पटना पहुंचल बिया। राजधानी के एगो होटल में चुनाव आयोग सब 11 सदस्य दलन के प्रतिनिधियन के संगे बैठक कइलस।

चुनाव के लेके निर्वाचन आयोग के सोझा सब लोग आपन सुझाव रखल। सब राजनीतिक दलन से विचार कइला के बाद निर्वाचन आयोग लोकसभा चुनाव के लेके जलदिए फैसला ले सकत बिया। एकर जानकारी बुध के चुनाव आयोग के ओर से प्रेस कॉन्फ्रेंस में दिहल जाई।

3 चरण में चुनाव के दिहल लो सुझाव

बैठक से निकलत जदयू से प्रतिनिधि सांसद ललन सिंह कहलें कि तीन चरण में अबकी बेर चुनाव करावे के जदयू मांग कइले बिया। ललन सिंह कहलें की हमनी के तीन गो सुझाव चुनाव आयोग के देले बानी सs। गरमी के मौसम आ रहल बा, एहिसे उम्मीदवार आ नेता लोगन के दिक्कत होत बा। एहिसे मुख्य रूप से चुनाव आयोग से मांग कइल गइल बा कि तीन चरण में चुनाव होखे।

बैलेट पेपर से करावल जाई चुनाव

चुनाव आयोग के बैठक से निकलल कांग्रेस के प्रतिनिधिमंडल के ब्रजेश प्रसाद मुन्ना कहलें कि अबकी बेर बैलट पेपर से चुनाव करावे के मांग कइल गइल बा। जदि बैलट पेपर से चुनाव नइखे होत, ईवीएम से रउआ चुनाव करावत बानी तs ईवी पैड से एगो पर्ची निकलेला। ओकरा के एगो अलग बक्सा में रखल जाव। फेर ओकरो गणना कइल जाव। ईवीएमो के गणना कइल जाव। दुनो के मिलान कइला के बादे चुनाव के परिणाम घोषित कइल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]